[the_ad_group id="30365"]

White House के पार्टियन में अब गोलगप्पा के एंट्री, विदेशी मेहमानन के खूबे आ रहल बा पसंद; Menu में बा कतना भारतीय व्यंजन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

White House: अब व्हाइट हाउस के मेन्यू में गोलगप्पा के एंट्री हो गइल बा। मेहमानन के ई स्वादिष्ट स्ट्रीट फूड काफी पसंद आ रहल बा। पिछला साल व्हाइट हाउस के रिसेप्शन में गोलगप्पा कम से कम दू बार परोसल गइल। दरअसल सोमार के अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडन रोज गार्डेन रिसेप्शन के मेजबानी कइले रहले। इसी दौरान गोलगप्पा परोसल गइल रहे। एह कार्यक्रम में एशियाई-अमेरिकी आ कई हो भारतीय-अमेरिकी शामिल रहले।

अमेरिका के राष्ट्रपति जो बाइडेन ने सोमार के रोज गार्डेन रिसेप्शन के मेजबानी कइले। एही दौरान मोहम्मद इकबाल द्वारा लिखल गइल एगो देशभक्ति गीत ‘सारे जहां से अच्छा’ के भावपूर्ण गीतन से पूरा व्हाइट हाउस गूंज उठल। विदेशी मेहमान लो ना खाली  भारतीय संगीत के आनंद लेलस बल्कि भारतीय स्ट्रीट फूड गोलगप्पा के स्वादो जमके चखलस।

समोसा के बाद गोलगप्पा के एंट्री

जी हऽ, अब व्हाइट हाउस के कार्यक्रम में भारत के मशहूर स्ट्रीट फूड गोलगप्पा के एंट्री हो गइल बा। इहाँ एशियाई-अमेरिकी से लेके कई गो भारतीय-अमेरिकी लो के गोलगप्पा परोसल गइल। बता दी कि पिछला सालो एह डिश के दू बार परोसल गइल रहे। बता दी कि व्हाइस हाउस में अबही ले खाली समोसा परोसल जात रहे, बाकिर एह साल गोलगप्पा बाजी मार लेलस।

का रहे कार्यक्रम?

एह अवसर पs व्हाइट हाउस पहल आ एशियाई अमेरिकियन, मूल हवाईयन आ प्रशांत द्वीपवासियन पs राष्ट्रपति के सलाहकार आयोग के स्थापना के 25वां वर्षगांठ मनावल गइल। भारतीय-अमेरिकी समुदाय के नेता अजय जैन भूटोरिया व्हाइट हाउस के भीतर के नजारा के कई गो वीडियो अपना सोशल मीडिया X पs पोस्ट कइले। अतिथियन में अमेरिकी सर्जन जनरल डॉ. विवेक मूर्तियो शामिल रहले, जे कोविड-19 के खिलाफ लड़ाई में महत्वपूर्ण भूमिका निभवले रहले।

कइसन रहे गोलगप्पा के स्वाद?

अजय जैन पीटीआई के बतवले कि ‘पिछलका साल जब हम इहाँ रहनी, तऽ गोलगप्पा/पानी पूरी रहे। एहू साल, हम गोलगप्पा के तलाश में रही आ तबके अचानक एगो सर्वर पानी पुरी/गोलगप्पा लेके हमरा सामने आ गईल। उऽ अद्भुत रहे। स्वाद तनि तीखा था।

भारत के इहो डिश रहे शामिल

भुटोरिया व्हाइट हाउस के कार्यकारी शेफ क्रिस्टेटा कॉमरफोर्ड से मुलाकात कइले आ उनका से गोलगप्पा के बारे में पूछले। हम उनका से पूछनी, का तू गोलगप्पा घर में बनावेलू ? उऽ कहली , हां, हमनी व्हाइट हाउस में सब कुछ बनावेनी सन। भुटोरिया बतवले कि रिसेप्शन में व्हाइट हाउस के मेन्यू में एगो आउर भारतीय आइटम ‘खोवा’ रहे। ई मीठा रहे आ खोवा से बनल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]