[the_ad_group id="30365"]

बड़ झंझट खत्म! Whatsapp पs डाउनलोड होई DL आ PAN, बस एगो मैसेज से हो जाई काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इलेक्ट्रॉनिक्स आ आईटी मंत्रालय व्हाट्सएप यूजर्स खातिर खास सुविधा शुरू कइले बा। अब रउआ खाली एगो व्हाट्सएप मैसेज से आपन डीएल, पैनकार्ड आ RC जइसन डॉक्यूमेंट्स डाउनलोड कs सकत बानी। सरकार कावर से डिजिलॉकर सर्विस के एक्सेस करे ला MyGov Helpdesk के व्हाट्सएप पs उपलब्ध करावल गइल बा… आसान भाषा में समझल जाव तs रउआ बस एगो नंबर पs व्हाट्सएप मैसेज भेजके डिजिलॉकर सर्विस के इस्तेमाल कs सकत बानी।

एह डॉक्यूमेंट्स के कs सकेनी डाउनलोड

– पैन कार्ड
– ड्राइविंग लाइसेंस
– सीबीएसई दसवीं पासिंग सर्टिफिकेट
– वाहन पंजीकरण प्रमाणपत्र (आरसी)
– बीमा पॉलिसी – दुपहिया
– दसवीं कक्षा की मार्कशीट
– बारहवीं कक्षा की मार्कशीट
– बीमा पॉलिसी दस्तावेज (डिजीलॉकर पर उपलब्ध जीवन और गैर जीवन)

WhatsApp पs अइसे डाउनलोड कs सकेनी आपन डॉक्यूमेंट

– एकरा खातिर रउआ बस +91 9013151515 नंबर पs Namaste भा Hi भा Digilocker पs लिखके भेजे के होई।
– एकरा बाद रउआ से पूछल जाई कि DigiLocker अकाउंट एक्सेस करे बा कि Cowin सर्विस
– DigiLocker चुनला पs रउआ से पूछल जाई कि अकाउंट बा कि ना।
– जदि DigiLocker पs अकाउंट पहिले से बा तs आपन आधार नंबर दर्ज करी।
– राउर रजिस्टर्ड मोबाइल नंबर पs एगो OTP आई, ओकरा के दर्ज करी।
– अब राउर जवन डॉक्यूमेंट पहिले से अपलोड कइल बा, ओकरा के रउआ इहां से डाउनलोड कs सकत बानी।

बता दीं कि MyGov हेल्पडेस्क (जेकरा के पहिले MyGov कोरोना हेल्पडेस्क के नाव से जानल जात रहे) के मार्च 2020 में शुरू कइल गइल रहे। कोरोना काल में एह हेल्पडेस्क से लोगन के कोविड से संबंधित जानकारी देवे से लेके, वैकसीन बुकिंग आ सर्टिफिकेट डाउनलोड के सुविधा समेत बहुते मदद कइले बा।  अब ले 80 मिलियन से बेसी लोग हेल्पडेस्क के एक्सेस कs चुकल बा आ 33 मिलियन से ज्यादा वैक्सीन प्रमाणपत्र डाउनलोड कइल जा चुकल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]