Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

टिकट बुकिंग नियम में बदलाव:आधार लिंक्ड IRCTC यूजर्स एक महीना में 24 टिकट बुक करा सकी लो, जानीं आधार लिंकिंग प्रोसेस

762

अब रेल यात्री जादे ऑनलाइन टिकट बुक कs सकी लो। रेल मंत्रालय कहलस, जवन IRCTC यूजर्स के  लॉगिन आईडी आधार से लिंक नइखे  ओह लो के एक महीना में ऑनलाइन टिकट बुक करे के संख्या के 6 से बढ़ाके 12 कs दिहल गइल बा। आधार लिंक्ड यूजर आईडी वाला ग्राहकन खातिर अधिकतम टिकट बुक करे के संख्या 12 से बढ़ाके 24 कइल गइल बा। ई सुविधा ओह लोग खातिर बहुत जादे फायदेमंद बा जे फ्रिक्वेंट ट्रैवलर्स बा लो। एकरा संगही ओह लोगन के फायदा होई जे एके आईडी के इस्तेमाल परिवार के सब सदस्य लो खातिर टिकट बुकिंग खातिर करेला।

ID के आधार से लिंक करे के प्रोसेस
1. IRCTC के ऑफिशियल ई-टिकटिंग वेबसाइट irctc.co.in पs जाई।
2. लॉग इन करे खातिर यूजर आईडी आ पासवर्ड डालीं ।
3. होम पेज पs ‘माय अकाउंट सेक्शन’ में ‘आधार KYC’ पs क्लिक करीं।
4. अब आपन आधार नंबर डालीं आ  ‘सेंड OTP’ पs क्लिक करीं।
5. आधार कार्ड के संगे जवन नंबर रजिस्टर्ड बा ओह पs OTP आई।
6. OTP दर्ज कइला आ आधार से जुड़ल जानकारी देखला के बाद ‘वैरिफाई’ पs क्लिक करीं।
7. अब राउर मोबाइल पs KYC डिटेल के सफलतापूर्वक अपडेट होखला के मैसेज आई।

अगिला 3-4 दिन में आदेश लागू होखे के संभावना
IRCTC के पोर्टल में कुछ बदलाव कइला के बाद अगिला 3-4 दिन में ई आदेश लागू होखे के संभावना बा। वर्तमान में, बुक कइल गइल लगभग 80% टिकट ऑनलाइन होला। रेलवे के टारगेट एकरा के बढ़ाके 90% के पार पहुंचावे के बा। IRCTC रेलवे टिकटन के ऑनलाइन बुकिंग खातिर भारतीय रेलवे के अधिकृत एकमात्र यूनिट हs। एतने ना  IRCTC एकमात्र यूनिट हs जवन केटरिंग पॉलिसी 2017 के तहत रेलवे स्टेशनन पs केटरिंग सर्विसेज के मैनेज करे खातिर अधिकृत बा।

269820cookie-checkटिकट बुकिंग नियम में बदलाव:आधार लिंक्ड IRCTC यूजर्स एक महीना में 24 टिकट बुक करा सकी लो, जानीं आधार लिंकिंग प्रोसेस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.