Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अब 17 साल के बादे वोटर लिस्ट खातिर जुवा कs सकी लो आवेदन, चुनाव आयोग जारी कइलस निरदेस

554

वोटर लिस्ट में आपन नाम दर्ज करावे खातिर अब 18 साल कके आयु सीमा तक पहुंचला के इंतजार ना करे के होई। चुनाव आयोग के तरफ से जारी निरदेसन के मोताबिक 17 साल से बेसी उमिर वाला जुवा एडवांस में एकरा खातिर आवेदन कs सकत बा लो।

मुख्य चुनाव आयुक्त (Chief Election Commissioner) राजीव कुमार आ चुनाव आयुक्त (Election Commissioner) अनुप चंद्र पांडे सब राज्यन के CEOs/EROs/AEROs के निरदेस देले बाड़े कि ऊ अइसन तकनीक वाला समाधान ले आवे लो जवना से जुवा लोगन के एडवांस आवेदन करे में सुविधा होई।

चुनाव आयोग द्वारा जारी निरदेसन के मोताबिक, अब जुवा लोगन के मतदाता सूची में आपन नाव शामिल करे खातिर साल के 1 जनवरी के 18 साल के आयुसीमा के पूरा करे के इंतजार ना करे के होई बलुक 17 साल से बेसी होखते आपन नाम वोटर लिस्ट में डलवावे खातिर आवेदन कs सकत बा लो।

मतदाता सूची के आधार से लिंक करे के ममिला पs चुनाव आयोग तइयारी सुरू कs देले बा। 1 अगस्त से 31 दिसंबर तक अभियान चलाके वोटर लिस्ट में शामिल हर नाम के आधार नंबर एकत्रित कइल जाई। एकरा के आधार से लिंक कइल जाई। अप्रिल 2023 तक ई प्रक्रिया पूरा करे के लक्ष्य राखल गइल बा। सब मतदाता लोगन तक पहुंचके ओह लो के आधार नंबर लेवे के कोसिस कइल जाई। एक बेर मतदाता लोगन के नाम आधार नंबर से जुड़ गइला का बाद मतदाता सूची में कवनो प्लीकेट नाम ना रही। जदि कवनो मतदाता के लगे आधार नंबर नइखे तs ओकरा शपथ पत्र देवे के होई।

मतदाता लोगन से आधार कार्ड के नंबर प्राप्त कइला खातिर बूथ लेवल आफिसर (बीएलओ) घरे-घरे जाई लो। नया प्रारूप में आ रहल फार्म छह-बी पs ऊ आधार कार्ड के नंबर दर्ज करी लो। नंबर लेवे के एक सप्ताह के भीतरी मतदाता के नाम के साथे आधार कार्ड के नंबर के लिंक करावे के होई। मतदाता आनलाइनो आधार कार्ड के नंबर दे सकी लो। एकरा खातिर फार्म छह-बी आनलाइनो उपलब्ध रही।

302070cookie-checkअब 17 साल के बादे वोटर लिस्ट खातिर जुवा कs सकी लो आवेदन, चुनाव आयोग जारी कइलस निरदेस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.