[the_ad_group id="30365"]

यूपी में संभल के बाद अब अमेठी में मिलल 120 साल पुरान मंदिर

अमेठी के प्राचीन शिव मंदिर
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

संभल, वाराणसी आ कानपुर के बाद अमेठी में 120 साल पुरान शिव मंदिर भी मिलल बा। आरोप बा कि प्राचीन पंच शिखर शिव मंदिर पs दोसरा समुदाय के लोग गैरकानूनी तरीका से कब्जा कs लेले बाड़े। स्थानीय लोग एसडीएम के शिकायत पत्र देके कार्रवाई के मांग कईले बाड़े। गांव के लोग के आरोप बा कि पछिला 40 साल से कवनो समुदाय के मंदिर में पूजा करे पs रोक लगावल जाता। फिलहाल एसडीएम पूरा मामला के तहसीलदार से जांच करावे के कहले बा।


ग्रामीण लगवले एगो समुदाय पs पूजा ना करे देवे के आरोप

जानकारी के मुताबिक मुसाफिरखाना थाना क्षेत्र के औरंगाबाद गांव में 120 साल पुरान पंच शिखर शिव मंदिर बा। गांव के लोग के आरोप बा कि कवनो खास समुदाय के कुछ लोग जबरन मंदिर पs कब्जा कs लेले बाड़े अवुरी पछिला 40 साल से कवनो हिन्दू परिवार के पूजा ना करे देतारे। 

तहसीलदार मामला के जांच करीहे, एसडीएम प्रीति बतवली  

ए मामला पs एसडीएम प्रीति तिवारी कहली कि पूरा मामला के जांच तहसीलदार करीहे। जांच के बाद कानून के मुताबिक कार्रवाई होई। फिलहाल एs मामला में जांच हो चुकल बा। खबर लिखे के समय ले कवनो कार्रवाई नईखे भईल।

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या से बानी परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]