New Rules 2026 : रेफ्रिजरेटर, टीवी आ एलपीजी स्टोव अब बिना स्टार रेटिंग के ना बिकी, आज 1 जनवरी से नियम लागू

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 1, 2026

सेंट्रल डेस्क। साल 2026 के सुरुआत में आम जनता खातिर एगो बड़ बदलाव लागू हो गइल बा। केंद्र सरकार ऊर्जा संरक्षण के दिशा में कड़ा कदम उठावत 1 जनवरी 2026 से रेफ्रिजरेटर, टेलीविजन, एलपीजी गैस

Share

"December new rules in India including LPG price change, Aadhaar update rules, EPFO nomination changes and SBI Mcash service discontinuation"

सेंट्रल डेस्क। साल 2026 के सुरुआत में आम जनता खातिर एगो बड़ बदलाव लागू हो गइल बा। केंद्र सरकार ऊर्जा संरक्षण के दिशा में कड़ा कदम उठावत 1 जनवरी 2026 से रेफ्रिजरेटर, टेलीविजन, एलपीजी गैस स्टोव आ चिलर जइसन कइयन गो जरूरी उपकरणन पs स्टार रेटिंग अनिवार्य कs देले बिया। अब बाजार में बिना स्टार-लेबल (Star Labelling) वाला ई सामान बेचल गैरकानूनी मानल जाई।

ऊर्जा दक्षता ब्यूरो (BEE) के ओर से जारी राजपत्र अधिसूचना के मोताबिक, ई फैसला देस में बिजली के सही इस्तेमाल, ऊर्जा दक्षता बढ़ावे आ कार्बन उत्सर्जन घटावे के दीर्घकालिक लक्ष्य के ध्यान में रख के लिहल गइल बा। सरकार के माने के बा कि ई नियम लागू होखला से बिजली आ गैस के बेवजह बर्बादी रुकी।

स्टार रेटिंग के मतलब का होला?

स्टार रेटिंग दरअसल ई बतावेला कि कवनो उपकरण केतना ऊर्जा खर्च करेला।

  • 1 स्टार: ज्यादा बिजली भा गैस खपत
  • 5 स्टार: सबसे कम ऊर्जा खर्च, ज्यादा बचत

जेतना जादे स्टार, ओतने कम बिजली बिल। नया नियम के बाद कंपनियन के साफ-साफ उत्पाद पs स्टार रेटिंग देखावल जरूरी होई।

कवन-कवन उपकरणन पs लागू होई नियम?

1 जनवरी 2026 से जवना उपकरणन पs स्टार रेटिंग अनिवार्य होई, ओमे सामिल बा-

  • रेफ्रिजरेटर
  • टेलीविजन (टीवी)
  • एलपीजी गैस स्टोव
  • चिलर आ बड़ कूलिंग सिस्टम

अगर कवनो कंपनी बिना स्टार रेटिंग वाला सामान बेचत पकड़ाइल, तs ओकर खिलाफ कार्रवाई हो सकेला।

आम आदमी के जेब पs का असर पड़ी?

सुरुआत में 4 भा 5 स्टार रेटिंग वाला उपकरण तनिका महंगा जरूर लाग सकेला, बाकिर लमहर समय में ई बिजली आ गैस बिल में भारी बचत कराई। कम खपत मतलब कम खरचा, जवन आम परिवार खातिर फायदेमंद बा।

कंपनियन पs बढ़ी जिम्मेदारी

अब मैन्युफैक्चरर आ डीलरन के ऊर्जा मानक के सख्ती से पालन करे के पड़ी। नियम तुड़ला पs जुर्माना, लाइसेंस रद्द भा बिक्री पs रोक लग सकेला। एहसे बाजार में घटिया आ जादे बिजली खपत करे वाला सामान कम होई।

पर्यावरण खातिर फायदेमंद

सरकार के मोताबिक, स्टार-रेटिंग अनिवार्य होखला से कार्बन उत्सर्जन में कमी आई आ भारत के क्लाइमेट गोल पूरा करे में मदद मिली। आगे चल के आउर इलेक्ट्रॉनिक उपकरणन के एह दायरे में ले आवल जा सकेला।

Read Also: 01 जनवरी 2026 के राशिफल

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.