Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

I Phone के धूल चटावे आइल Nokia के तूफानी स्मार्टफोन, कैमरा क्वॉलिटी में DSLR तक के देला मात, देखीं कीमत आ फीचर्स

2,604

Nokia G60 5G Smartphone: नोकिया आपन नया स्मार्टफोन हाले में भारत में लॉन्च कइलें बिया। एमे रउआ ट्रिपल रियर कैमरा सेटअप मिलत बा, जवना के मेन लेंस 50MP के बा। फोन में 4500mAh के बैटरी दिहल गइल बा, जवन 20W के चार्जिंग सपोर्ट करेला। आई जानल जाव नोकिया के एह फोन के कीमत आ दोसर फीचर्स।

Nokia G60 5G के फीचर्स

फीचर्स के बात करीं तs Nokia G60 5G में 6.58-inch के LCD डिस्प्ले दिहल गइल बा, जवन 500Nits के पीक ब्राइटनेस के संगे आवत बा। डिस्प्ले Full HD+ रेज्योलूशन वाला बा आ एकर प्रोटेक्शन खातिर गोरिल्ला ग्लास 5 मिलत बा।  हैंडसेट वाटरड्रॉप स्टाइल नॉच के संगे आवेला।

Nokia G60 5G स्टोरेज आ प्रोसेसर

फोन में Qualcomm Snapdragon 695 प्रोसेसर दिहल गइल बा। नोकिया G60 6GB RAM आ 128GB स्टोरेज के संगे आवेला। फोन Android 12 पs काम करत बा। एमे रउआ तीन साल तक अपग्रेड मिली।

Nokia G60 5G के कैमरा

ऑप्टिक्स के बात करीं तs एमे ट्रिपल रियर कैमरा सेटअप दिहल गइल बा, जवना मेन लेंस 50MP के बा। एमे 5MP के अल्ट्रा वाइड एंगल लेंस आ 2MP के डेप्थ सेंसर मिलत बा। फ्रंट में कंपनी 8MP के सेल्फी कैमरा दिहल बा।

Nokia G60 5G स्मार्टफोन के बैटरी

डिवाइस के पावर देवे खातिर 4500mAh के बैटरी दिहल बा, जवन 20W के फास्ट चार्जिंग सपोर्ट करत बा। फोन के सिक्योरिटी खातिर साइड माउंटेड फिंगरप्रिंट सेंसर दिहल गइल बा। स्टोरेज के रउआ माइक्रो एसडी कार्ड के मदद से बढ़ा सकत बानी। एमें टाइप-सी चार्जिंग पोर्ट मिलत बा। एमे डुअल सिम सपोर्ट, वाई-फाई, GPS आ दोसर कनेक्टिविटी फीचर्स मिलत बा।

Nokia G60 5G के कीमत

नोकिया के ई फोन खाली एगो कॉन्फिग्रेशन में आवत बा। एकरा 6GB RAM+128GB स्टोरेज वेरिएंट के कीमत 29,999 रुपिया हैंडसेट के आप Nokia India के आधिकारिक वेबसाइट से किन सकत बा। ई फोन आउर रिटेल स्टोर पs बिक्री खातिर उपलब्ध बा। एकरा के रउआ दु कलर ऑप्शन में किन सकत बानी।

459080cookie-checkI Phone के धूल चटावे आइल Nokia के तूफानी स्मार्टफोन, कैमरा क्वॉलिटी में DSLR तक के देला मात, देखीं कीमत आ फीचर्स

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.