[the_ad_group id="30365"]

Nitish Kumar Delhi Residence : अमित शाह के पड़ोसी बनलें नीतीश कुमार, दिल्ली में मिलल 3 एकड़ के VVIP बंगला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अब दिल्ली में वीवीआईपी इलाका में आपन नया ठिकाना बना लेले बाड़ें। उनका के राजधानी में टाइप-8 कैटेगरी के सरकारी बंगला अलॉट भइल बा। सुनहरी बाग रोड पs इस्थित बंगला नंबर-9 करीब तीन एकड़ में फइलल बा आ आधुनिक सुविधन से लैस बा।

ई इलाका देस के सबसे हाई-प्रोफाइल आ पावरफुल इलाका में गिनल जाला, जहां देस के बड़-बड़ नेता लोगन के आवास बा।

बड़-बड़ नेता लोग बनल पड़ोसी

नीतीश कुमार के नया बंगला केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह के घर से करीब 150 मीटर दूर बा। ओहिजा, लोकसभा में विपक्ष के नेता राहुल गांधी के घर लगभग 100 मीटर के दूरी पs बा। एकरा से ई इलाका अब सियासत के असली पावर कॉरिडोर बन गइल बा। बीजेपी नेता नितिन नवीन के बंगला एही इलाका में मवजूद बा।

टाइप-8 बंगला के खासियत

टाइप-8 बंगला सबसे बड़ आ लग्जरी सरकारी आवास मानल जाला। ई आमतौर पs 3 एकड़ में फइलल होला, जवना मे बड़ा लॉन, गार्डन, 5 बेडरूम, लिविंग रूम, डाइनिंग एरिया, स्टडी रूम आ गैरेज जइसन सुविधा होला। एह बंगलन के डिजाइन खासतौर पर VVIP सुरक्षा आ प्राइवेसी के ध्यान में रख के कइल जाला।

सुरक्षा के कड़ा इंतजाम

एह इलाका में सुरक्षा के बहुत कड़ा इंतजाम होला। हर जगह सीसीटीवी कैमरा लागल बा आ 24 घंटा निगरानी होला। सुरक्षा एजेंसी हर समय तैनात रहेले, जवना से ई इलाका देस के सबसे सुरक्षित जगह में गिनल जाला।

कइसे मिलेला अइसन बंगला?

दिल्ली में सरकारी आवास के अलॉटमेंट केंद्र सरकार के नियम से होखेला। एमे सीनियरिटी, पद आ उपलब्धता के आधार पs फैसला होला। मंत्री, सांसद आ जज लोग के एमे प्राथमिकता मिलेला।

लुटियंस दिल्ली के खास पहचान

नीतीश कुमार के ई नया घर लुटियंस दिल्ली इलाका में बा, जवन राजधानी के सबसे प्रीमियम एरिया मानल जाला। इहां राष्ट्रपति, प्रधानमंत्री आ कइयन गो बड़ नेता के आवास बा। ई इलाका सेंट्रल विस्टा आ हेरिटेज बिल्डिंग खातिर मशहूर बा।

नीतीश कुमार के दिल्ली शिफ्ट होखला के संगही जेडीयू एक्टिव हो गइल बिया। पार्टी दफ्तर में अहम बैठक बोलावल गइल बा, जवना में आगे के रणनीति, मीडिया नैरेटिव आ सियासी दिशा पs चरचा होई।

Read Also: Delhi Scam : दिल्ली में रिटायर्ड इंजीनियर से 2.7 करोड़ के ठगी, बेटी खातिर जोरल गइल रहे पईसा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]