Delhi Scam : दिल्ली में रिटायर्ड इंजीनियर से 2.7 करोड़ के ठगी, बेटी खातिर जोरल गइल रहे पईसा

Share

पूर्वी दिल्ली। दिल्ली के कृष्णा नगर में रहे वाला 77 साल के रिटायर्ड ऑटो इंजीनियर ऑनलाइन निवेश ठगी के शिकार हो गइल बाड़ें। ठग लोग फर्जी स्टॉक ट्रेडिंग प्लेटफॉर्म के सहारा लेके ऊंचा मुनाफा के लालच दिहल आ करीब 2.7 करोड़ रुपिया ठग लेलस। पीड़ित के शिकायत पs पुलिस ममिला दर्ज कइले बिया आ आर्थिक अपराध शाखा जांच सुरू कs देले बिया।

पीड़ित बतवलें कि कुछ दिन पहिले उनका मोबाइल पs एगो व्हाट्सएप मैसेज आइल, जवना से उनकरा के एगो ग्रुप में जोड़ दिहल गइल। एह ग्रुप में 100 से जादे लोग रहे आ रोज शेयर बाजार के टिप्स, निवेश सलाह आ भारी मुनाफा के स्क्रीनशॉट शेयर होत रहे।

छोट मुनाफा देखाके जीतलस भरोसा

ग्रुप चलावे वाला आदमी खुद के बड़ ट्रेडिंग कंपनी के डायरेक्टर बतावत रहलें। ऊ भरोसा दिलावत रहे कि कम समय में बड़ फायदा होई। बाद में पीड़ित से एगो मोबाइल ऐप डाउनलोड करवावल गइल, जवन असली ट्रेडिंग प्लेटफॉर्म जइसन दिखत रहे। सुरू में छोट-छोट मुनाफा दिखाके उनकर भरोसा जीत लिहल गइल।

धीरे-धीरे पीड़ित अपना आ अपना पत्नी के बैंक खाता से लाखन-करोड़न रुपिया निवेश करे लगलें। कुछ समय बाद ऐप में उनकर निवेश 8 करोड़ से जादे देखावे लागल, जवना के देखके ऊ आउर पईसा लगावे लगलें।

पईसा निकालत घरी खुलल राज

मार्च में उनका बड़ निवेश के ऑफर मिलल, जवना में लाखन शेयर देवे के बात कहल गइल। बाकिर जब ऊ पईसा निकालल चहलें, तs हर बेर तकनीकी दिक्कत बता के टाल दिहल गइल। कइयन बेर कोसिस कइला बादो जब पईसा ना मिलल, तब उनका ठगी के अहसास भइल।

बेटी खातिर जोरल रहे रकम

पीड़ित बतवलें कि ई सगरी पईसा ऊ अपना बेटी के भविष्य खातिर बचवले रहलें। उनका बेटा के 2006 में सड़क हादसा में मौत हो गइल रहे, ओकरा बाद से परिवार के जिम्मेदारी उनके पs रहल। अब एह ठगी से परिवार आर्थिक संकट में पड़ गइल बा।

पुलिस जांच में जुटल

पुलिस बतावत बिया कि बैंक ट्रांजेक्शन, डिजिटल सबूत आ संदिग्ध खाता के जांच कइल जा रहल बा। एह ममिला में पूरा गिरोह के सामिल होखे के शक बा।

ऑनलाइन ठगी से बचे के तरीका

ऑनलाइन निवेश में सावधानी बहुत जरूरी बा। कवनो अनजान व्हाट्सएप ग्रुप भा ऐप पs भरोसा मत करीं। निवेश से पहिले कंपनी के सही जानकारी जांचीं। बहुत जल्दी जादे मुनाफा के दावा पs भरोसा मत करीं। कवनो हालत में ओटीपी भा बैंक डिटेल शेयर मत करीं आ शक होखला पs तुरंत पुलिस से संपर्क करीं।

Read Also: दिल्ली में रिटायर्ड इंजीनियर से 2.7 करोड़ के ठगी, बेटी खातिर जोरल गइल रहे पईसा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-