हरिद्वार। देस के चर्चित आ सनसनीखेज निठारी कांड में आरोपी रहल सुरेंद्र कोली हरिद्वार में खुदकुशी कs लेलस। कोली के शव चाय के दुकान में रस्सी के सहारे फंदा से लटकल मिलल। जानकारी के मोताबिक, ऊ कुछ दिन से हरिद्वार में चाय बेच के आपन गुजर-बसर करत रहलें। निठारी कांड में सुप्रीम कोर्ट सुरेंद्र कोली के बरी कs देले रहे।
सुक के भूपतवाला इलाका में एगो चाय के खोखा के भीतर एगो व्यक्ति के शव फंदा से लटकल मिलल। घटना के जानकारी मिलते पुलिस मवका पs पहुंचल आ शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस। बाद में मृतक के पहचान सुरेंद्र कोली के रूप में भइल, जवन निठारी कांड में आरोपी रहे।
बतावल जा रहल बा कि सुरेंद्र कोली कुछ समय से भूपतवाला इलाका के एगो झुग्गी में रहत रहे। ऊ पासे में चाय के खोखा लगवले रहे आ ओही से आपन रोजी-रोटी चलावत रहे। सुक के सबेरे आसपास के लोग के खोखा के भीतर कुछ संदिग्ध नजर आइल। लोग पुलिस के सूचना देलस।
सूचना मिलते पुलिस टीम मवका पs पहुंचल। खोखा के भीतर सुरेंद्र कोली के शव लटकल मिलल। पुलिस शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस।
कोतवाली प्रभारी कुंदन सिंह राणा बतवलें कि शव के पोस्टमार्टम खातिर भेजल गइल बा। ममिला के जांच जारी बा।






