[the_ad_group id="30365"]

Asian Games 2026 : भारतीय खिलाड़ियन खातिर बुक करे के पड़ल अतिरिक्त कमरा, शटलर-वेटलिफ्टर एयरपोर्ट पs करत रहल इंतजार

Asian Games 2026
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। एशियाई खेल सुरू होखे से पहिलही जापान में भारतीय खिलाड़ियन के परेसानी कम होखे के नाम नइखे लेत। आयोजकन के लापरवाही के चलते रोइंग, शूटिंग के बाद अब बैडमिंटन आ वेटलिफ्टिंग टीम के नागोया में कइयन घंटा एयरपोर्ट पs इंतजार करे के पड़ल।

नागोया में भारतीय ओलंपिक संघ (आईओए) के ओर से पहिले से बुक करावल गइल कमरन के संख्या कम पड़ गइल बा। 20 आ 21 सितंबर के सब भारतीय खिलाड़ी नागोया पहुंच रहल बा लो। खिलाड़ियन के ठहरे के इंतजाम के देखत भारतीय दल के शेफ डी मिशन सहदेव यादव एजेंट के माध्यम से बियफे के होटल में 15 अतिरिक्त कमरा बुक करवले बाड़ें। आयोजकन के ओर से भारतीय खिलाड़ियन खातिर करीब 40 कमरा कम बुक कइल गइल बा।

सब खिलाड़ियन खातिर बुक ना रहे कमरा

सहदेव यादव बतवलें कि फिलहाल खिलाड़ियन के ठहरे में कवनो खास दिक्कत नइखे, बाकिर 20 आ 21 सितंबर के जब पूरा भारतीय दल नागोया पहुंची, तs सब केहू के ठहरे खातिर पर्याप्त कमरा उपलब्ध नइखे।

कवनो परेसानी ना होखे, एह खातिर नागोया से करीब एक घंटा के दूरी पs 15 अतिरिक्त कमरा बुक करवावल गइल बा। जवन खिलाड़ियन के नागोया में ठहरे के बेवस्था ना हो पाई, ओह लोग के एह होटल में ठहरावल जाई।

मीराबाई चानू एयरपोर्ट पs फंसली

भारतीय खिलाड़ियन के ट्रांसपोर्ट खातिर बहुत देर तक इंतजार करे के पड़ रहल बा। भारतीय शूटिंग टीम के ट्रांसपोर्ट ना मिलला के चलते ओकर ट्रेनिंग प्रभावित भइल बा। बैडमिंटन टीम बुध के रात करीब छव घंटा तक एयरपोर्ट पs फंसल रहल।

ओहिजा, कोच विजय शर्मा के संगे बियफे के नागोया पहुंचल मीराबाई चानू के एयरपोर्ट पs कइयन घंटा इंतजार करे के पड़ल। बुध के रोइंग टीम के क्रूज शिप में ठहरे खातिर नव से 10 घंटा तक इंतजार करे के पड़ल रहे। रोइंग टीम अपना खरचा पs खाना खइले रहे। हालांकि, आईओए रोइंग दल के भरोसा देलस कि खाना पs भइल खरचा के भुगतान कs दिहल जाई।

चार खिलाड़ी बदलल जा सकेलें

आईओए चार गो चोटिल खिलाड़ियन के जगह नया खिलाड़ी सामिल करे खातिर आयोजकन से अनुमति मंगले। चोटिल लॉन्ग जंपर शाहनवाज खान के जगह डेविड सोलोमन, क्रिकेटर वरुण चक्रवर्ती के जगह विप्रज निगम, तलवारबाज प्राची मोहन के जगह अनुप्रिया आ रग्बी खिलाड़ी प्रभाती हंसदा के जगह मामा नायक के सामिल करे के प्रस्ताव दिहल गइल बा। अब एह बदलावन खातिर आयोजकन के मंजूरी के इंतजार बा।

Read Also: Bihar News : नीतीश कुमार काहे बोलवलें जदयू के बैठक, राजद के ऑफर आ एमएलसी चुनाव सहित कवना मुद्दन पs होई चरचा?

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]