[the_ad_group id="30365"]

बेंगलुरु के रामेश्वरम कैफे विस्फोट मामला में एनआईए के बड़ सफलता, दुनो मुख्य आरोपी गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एनआईए बेंगलुरु के रामेश्वरम कैफे विस्फोट मामिला में दुनो आरोपी के कोलकाता से गिरफ्तार क लेले बिया। एनआईए के सूत्र के हवाला से इ जानकारी सोझा आइल बा।

बेंगलुरु के रामेश्वरम कैफे विस्फोट के मामला में जांच एजेंसी एनआईए के बहुत सफलता मिलल बा। एनआईए के सूत्र से मिलल जानकारी के मुताबिक विस्फोट मामिला के दु आरोपी के पश्चिम बंगाल से गिरफ्तार क लिहल गइल बा। जांच एजेंसी देर साँझ ले एकर खुलासा कर सकेले । एनआईए ए दुनो आरोपी के दस-दस लाख रुपया के इनाम के घोषणा कइले बिया।

एनआईए ए मामला में कोलकाता के नजदीक से भगोड़ा अदबुल मथिन ताहा आ मुसावीर हुसैन शाजेब के गिरफ्तार क लेले बिया।

जानकारी के मुताबिक एनआईए खुफिया जानकारी के आधार प दुनो आरोपी के गिरफ्तार क लेलस।

जानकारी के मुताबिक मुसावीर हुसैन शाजीब उहे आदमी ह जवन कैफे में आईईडी लगवले रहले। अब्दुल मथिन ताहा योजना बनावे, धमाका के निष्पादन करे आ ओकरा बाद कानून के चंगुल से भागे के मास्टरमाइंड ह ।

बतावल जाता कि दुनो आरोपी आपन गलत पहचान के आधार प कोलकाता के नजदीक लुकाइल रहे। खुफिया जानकारी के आधार प एनआईए दुनो के लोकेशन के पता लगा के पकड़ लेलस। जानकारी के मुताबिक केंद्रीय खुफिया एजेंसी आ पश्चिम बंगाल, तेलंगाना, कर्नाटक आ केरल पुलिस के समन्वित प्रयास के चलते इ सफलता हासिल भइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]