Bihar News: पटना में बेकाबू कार महिला-लईकन समेत पांच के कुचललस, विरोध में बवाल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 27, 2024

पटना के कांटी फैक्ट्री के नजदीक सोमार के देर रात तेज रफ्तार से आ रहल एगो सफारी गाड़ी में महिला, लईकन सहित पांच के कुचल देलस। घटना के बाद तेजी से भगावे के क्रम में

Share

पटना के कांटी फैक्ट्री के नजदीक सोमार के देर रात तेज रफ्तार से आ रहल एगो सफारी गाड़ी में महिला, लईकन सहित पांच के कुचल देलस। घटना के बाद तेजी से भगावे के क्रम में गाड़ी एगो रेलिंग पs जाके फंस गइल। गाड़ी में सवार सब लोग मवका से फरार हो गइल। घटना के बाद उहां उपस्थित लोग जमके हंगामा कइल। सूचना मिलतही चित्रगुप्त थाना के पुलिस मवका पs पहुंचल आ लोगन के समझा बुझाके ममिला शांत करवलस।

कार चालक नशा में धुत होके गाड़ी चलावत रहे

पुलिस सब घायलन के इलाज खातिर पटना के नालंदा मेडिकल कॉलेज अस्पताल में भर्ती करवले बिया। एह बीच पुलिस सफारी गाड़ी के अपना कब्जा में लेके थाना ले आइल आ गाड़ी में सवार फरार सब लोगन के तलाश सुरू कs दिहल गइल बा। लोगन के आरोप बा कि कार चालक नशा में धुत होके गाड़ी चलावत रहे। ऊ मतवाला हाथी के तरे पांच लोगन के रउदत चल गइल। पुलिस जल्दी से जल्दी ड्राइवर के तलाश करे आ सख्त से सख्त सजा दिलावें। एह ममिला के लेके चित्रगुप्तनगर थाना के प्रभारी आलोक कुमार बतवलें कि पुलिस पूरा ममिला के छानबीन कs रहल बिया। ऊ बतवलें कि गाड़ी के जब्त कs लिहल गइल बा आ गाड़ी में सवार सब लोगन के तलाश कइल जा रहल बा।

लोग सड़क पs जमके हंगामा कइल

आसपास के लोग बतावल कि जन्माष्टमी के अवसर पर कांटी फैक्ट्री के लगे पूजा के लेकर रात के समय सड़क पs बहुत भीड़ रहे। एही बीच कुम्हरार के तरफ से एहो तेज रफ्तार सफारी गाड़ी आइल आ सड़क पs महिला आउर लईकन सहित पांच लोगन के कुचल देलस। एह हादसा में सड़क पs मवजूद नेहा देवी (30), शशि देवी (30), पांचो देवी (45), परिधि कुमारी (6 माह) आ कुमार (7) घायल हो गइल लो। सूचना मिलतही चित्रगुप्त थाना के पुलिस मवका पs पहुंचल। एह बीच लोग सड़क पs जमके हंगामा कइल। पुलिस कवनो तरे लोगन के समझा बुझाके ममिला शांत करवलस। प्रत्यक्षदर्शी लोग बतावल कि सफारी गाड़ी में तीन लोग सवार रहे आ सब लोग बहुते नशा में रहे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.