चैंपियंस ट्रॉफी फाइनल हरले के साथे बदलल न्यूजीलैंड के कप्तान, रचिन रवींद्र-ग्लेन फिलिप्स भी टीम में नाहीं

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 11, 2025

चैंपियंस ट्रॉफी 2025 के फाइनल में न्यूजीलैंड टीम के हार के सामना करे के पड़ल. एकरा संगे कीवी टीम के 25 साल बाद खिताब जीते के सपना चकनाचूर हो गईल। एह हार के बाद न्यूजीलैंड

Share

चैंपियंस ट्रॉफी 2025 के फाइनल में न्यूजीलैंड टीम के हार के सामना करे के पड़ल. एकरा संगे कीवी टीम के 25 साल बाद खिताब जीते के सपना चकनाचूर हो गईल। एह हार के बाद न्यूजीलैंड के टीम में बड़हन बदलाव देखल गइल बा. असल में न्यूजीलैंड पाकिस्तान के खिलाफ टी-20आई सीरीज खातिर आपन टीम के एलान कs दिहले बा. पाकिस्तान के खिलाफ कीवी टीम के कमान मिशेल सैंटनर के जगहा माइकल ब्रेसवेल के सौंपल गइल बा. एह सीरीज खातिर सैंटनर उपलब्ध नइखन. सैंटनर के अलावे डेवोन कॉनवे, केन विलियमसन अवुरी रचिन रविंद्र जईसन बहुत स्टार खिलाड़ी भी एs टीम के हिस्सा नईखन। 

टीम से गायब स्टार खिलाड़ी

डेवोन कॉनवे, लॉकी फर्ग्यूसन, ग्लेन फिलिप्स, बेवॉन जैकब्स आ रचिन रविंद्र पाकिस्तान के खिलाफ टी-20आई सीरीज ना खेल पइहें. ई सगरी खिलाड़ी टी-20 के प्रतिबद्धता के चलते अनुपलब्ध बाड़े जबकि केन विलियमसन भी अपना के अनुपलब्ध बना दिहले बाड़न. रचिन रविंद्र आ डेवोन कॉनवे आईपीएल 2025 में चेन्नई सुपर किंग्स खातिर खेलत लउकीहें. आईपीएल 2025 22 मार्च से शुरू होखे वाला बा. केन विलियमसन पाकिस्तान सुपर लीग (पीएसएल) में भाग लीहें. पीएसएल 2025 अगिला महीना के 11 तारीख से खेलल जाई. 

ईश सोढ़ी आ बेन सीयर्स लवटत बाड़े

श्रीलंका के खिलाफ घरेलू टीम टी-20 सीरीज में ना खेले वाला ईश सोढ़ी टीम में लवट आइल बाड़न. एकरा साथे ही बेन सीयर्स भी हैमस्ट्रिंग के चोट के चलते चैंपियंस ट्रॉफी अभियान से बाहर हो गईला के बाद वापसी कईले बाड़े। काइल जैमीसन आ विल ओ’रूर्के एह सीरीज के पहिला तीन गो मैचन खातिर उपलब्ध बाड़े काहे कि टीम हालही में आईसीसी इवेंट के बाद तेज गेंदबाजन के काम के बोझ के प्रबंधन करे के कोशिश करत बिया.

चोट के चलते चैंपियंस ट्रॉफी 2025 के फाइनल में ना खेले वाला आ एह टूर्नामेंट में अग्रणी विकेट लेबे वाला मैट हेनरी के टी-20आई सीरीज के चउथा आ पाँचवा मैच खातिर चुनल गइल बा. हालांकि एकरा से पहिले उनुका फिटनेस टेस्ट करावे के होई। फिन एलन, जिमी नीशम आ टिम सीफर्ट के भी एह टीम में शामिल कइल गइल बा।

न्यूजीलैंड बनाम पाकिस्तान T20I सीरीज के फुल शेड्यूल
पहला T20I
: रविवार, 16 मार्च, हेगले ओवल, क्राइस्टचर्च
दूसरा T20I: मंगलवार, 18 मार्च, यूनिवर्सिटी ऑफ ओटागो ओवल, डुनेडिन
तीसरा T20I: शुक्रवार, 21 मार्च, ईडन पार्क, ऑकलैंड
चौथा T20I: रविवार, 23 मार्च, बे ओवल, टॉरंगा
पांचवां T20I: बुधवार, 25 मार्च, स्काई स्टेडियम, वेलिंगटन

पाकिस्तान के खिलाफ टी20आई सीरीज खातिर न्यूजीलैंड के टीम निम्नलिखित बा: माइकल ब्रेसवेल (कप्तान), फिन एलन, मार्क चैपमैन, जैकब डफी, जैक फॉल्क्स (मैच 4-5), मिच हे, मैट हेनरी (मैच 4-5), काइल जैमीसन (मैच 1-3), डेरिल मिचेल, जिमी नीशम, विल ओ’रूर्के (मैच 1-3), टिम रॉबिन्सन, बेन सियर्स, टिम सीफर्ट, ईश सोढ़ी.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.