New Governor: संतोष गंगवार झारखंड के राज्यपाल बनले, गुलाब चंद के पंजाब के कमान मिलल, 10 राज्य के राज्यपाल बदल गइले

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 28, 2024

राज्यपाल परिवर्तन : राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू पंजाब के राज्यपाल आ चंडीगढ़ के प्रशासक पद से बनवरीलाल पुरोहित के इस्तीफा स्वीकार कर लिहले बाड़ी । झारखंड के राज्यपाल सीपी राधाकृष्णन के महाराष्ट्र के राज्यपाल बनावल गइल

Share

राज्यपाल परिवर्तन : राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू पंजाब के राज्यपाल आ चंडीगढ़ के प्रशासक पद से बनवरीलाल पुरोहित के इस्तीफा स्वीकार कर लिहले बाड़ी । झारखंड के राज्यपाल सीपी राधाकृष्णन के महाराष्ट्र के राज्यपाल बनावल गइल बा।

राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू महाराष्ट्र, पंजाब, राजस्थान, तेलंगाना, झारखंड समेत कई राज्यन के नया राज्यपालन आ पुडुचेरी के उपराज्यपालन के नियुक्ति कइले बाड़ी । राष्ट्रपति भवन के ओर से जारी विज्ञप्ति में कहल गइल कि राष्ट्रपति पंजाब के राज्यपाल आ चंडीगढ़ के प्रशासक बनवारी लाल पुरोहित के इस्तीफा स्वीकार कs लेले बाड़ी। उनका जगहा गुलाब चंद कटारिया के नियुक्ति भइल बा, जवन कि फिलहाल असम के राज्यपाल बाड़े।

सिक्किम के राज्यपाल लक्ष्मण प्रसाद आचार्य अब असम के नयका राज्यपाल बन जइहें। उनका के मणिपुर के अतिरिक्त प्रभार भी दिहल गइल बा।

ओम प्रकाश माथुर के सिक्किम के नयका राज्यपाल बनावल गइल बा।

राधाकृष्णन महाराष्ट्र के नयका राज्यपाल होखीहें। फिलहाल ऊ झारखंड के राज्यपाल बाड़े। उनका लगे तेलंगाना के अतिरिक्त प्रभार भी बा।

संतोष कुमार गंगवार के झारखंड के नयका राज्यपाल बनले।

जिष्णु देव वर्मा के तेलंगाना के नयका राज्यपाल नियुक्त कइल गइल बा।

हरिभौ किशनराव बगडे के राजस्थान,

रमन डेका के छत्तीसगढ़ ।

सी.एच. विजयशंकर के मेघालय के राज्यपाल बनावल गइल बा।एकरा अलावे कैलाशनाथ के पुडुचेरी के उपराज्यपाल बनावल गइल बा।

विज्ञप्ति में कहल गइल बा कि सगरी नियुक्ति प्रभार ग्रहण के तारीख से प्रभावी होखी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.