New Delhi Metro Station Closed : अब नई दिल्ली मेट्रो स्टेशन के कइल गइल बंद, इंटरचेंज के सुविधा ना मिली, DMRC देलस जानकारी

Delhi Metro 17 Stations Closed Due to CJP Protest, Commuters Face Heavy Disruptions

Share

नई दिल्ली। दिल्ली के जंतर-मंतर पs प्रदर्शन लगातार जारी बा। सोनम वांगचुक के अनशन तुड़ला के बादो सीजेपी के कहनाम बा कि जब तक शिक्षा मंत्री धर्मेंद्र प्रधान के इस्तीफा नइखे होत तब तक प्रदर्शन जारी रही। धरना स्थल पs प्रदर्शनकारी रात भर जमा रहल लो। जंतर-मंतर पs प्रदर्शन के दौरान कइयन बेर आस-पास में हिंसा देखे के मिली। एह कारण डीएमआरसी सुरक्षा के इस्थिति के धेयान में रखत बड़ संख्या में दिल्ली मेट्रो के  के बंद कs के रखल गइल बा। अब डीएमआरसी बतवले बा कि एह स्टेशनन के संगही नई दिल्ली मेट्रो स्टेशन के अगिला आदेस तक बंद कs दिहल गइल बा।

दिल्ली मेट्रो रेल कॉर्पोरेशन माने डीएमआरसी सुक के अपना आधिकारिक हैंडल से जानकारी देले बा कि “नई दिल्ली मेट्रो स्टेशन के अगिला आदेस तक बंद कs दिहल गइल बा। एह स्टेशन पs इंटरचेंज के सुविधा उपलब्ध ना होई। कवनो असुविधा खातिर हमनी के गहिराह खेद बा।” रउआ लोगन के बता दीं कि नई दिल्ली मेट्रो स्टेशन आम यात्रियन खातिर बहुते अहम मानल जाला। इहां से लोग दिल्ली रेलवे स्टेशन, आईजीआई एयरपोर्ट सहित कइयन गो अहम जगहन पs जाला।

कुल 18 मेट्रो स्टेशन बंद

रउआ के बता दीं कि एकरा से पहिले डीएमआरसी सुक के 24 जुलाई, 2026 खातिर 17 मेट्रो स्टेशनन के बंद रखे के जानकारी देले रहे। बतावल गइल रहे कि 17 मेट्रो स्टेशन सुक के सबेरे 07:30 बजे से अगिला आदेस तक बंद रही। हालांकि, राजीव चौक, मंडी हाउस आ सेंट्रल सेक्रेटेरिएट पs इंटरचेंज के सुविधा उपलब्ध रही। अब लिस्ट में नई दिल्ली के जुड़ला के बाद बंद रहे वाला मेट्रो स्टेशनन के संख्या 18 हो गइल बा।

  1. लोक कल्याण मार्ग
  2. राजीव चौक
  3. पटेल चौक
  4. रामकृष्ण आश्रम मार्ग
  5. बाराखंभा रोड
  6. सुप्रीम कोर्ट
  7. सेवा तीर्थ
  8. जनपथ
  9. मंडी हाउस
  10. सेंट्रल सेक्रेटेरिएट
  11. ITO
  12. दिल्ली गेट
  13. इंद्रप्रस्थ
  14. खान मार्केट
  15. जोर बाग
  16. शिवाजी स्टेडियम
  17. झंडेवालान
  18. नई दिल्ली

Read Also: Israel News : इजरायल में भारतीय मजदूर के हत्या, यरुशलम के फ्लैट से खून से लथपथ लाश बरामद, एगो इजरायली नागरिक गिरफ्तार

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-