सेंट्रल डेस्क। इजरायल से एगो दुखद खबर सामने आइल बा। यरुशलम के कटामोन इलाका में एगो अपार्टमेंट से 40 साल के भारतीय मजदूर के खून से लथपथ लाश बरामद भइल बा। घटना के बाद इजरायली पुलिस हत्या के आशंका में एगो 31 बरिस के इजरायली नागरिक के गिरफ्तार कइले बिया। पुलिस ममिला के हर पहलू से जांच करत बिया।
स्थानीय मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, पुलिस जब अपार्टमेंट पहुंचल तs भारतीय मजदूरन के शव फर्श पs पड़ल मिलल। शव के चारो ओर बड़ मात्रा में खून फइलल रहे। घटना के जानकारी मिलते पुलिस आ फॉरेंसिक टीम जांच में जुट गइल। मोरियाह पुलिस स्टेशन के प्रमुख युवल रूवेन बतवलें कि सुरुआती जांच में ममिला संदिग्ध लागत बा आ हत्या के एंगल से जांच आगे बढ़ावल जा रहल बा।
हत्या के शक में इजरायली नागरिक गिरफ्तार
इजरायली पुलिस दक्षिणी शहर इलात के 31 साल के एगो व्यक्ति के हत्या में सामिल होखला के शक पs गिरफ्तार कइले बिया। आरोपी से पूछताछ जारी बा। हालांकि, पुलिस अभी तक मृतक के आधिकारिक पहचान सार्वजनिक नइखे कइले। अधिकारी बतावल लो कि पोस्टमार्टम रिपोर्ट आ जांच पूरा होखला के बाद मौत के सही कारण सामने आई।
इजरायल में केतना भारतीय कामगार बाड़ें?
भारत के बिदेस मंत्रालय के अनुसार, अक्टूबर 2024 तक इजरायल में करीब 32 हजार भारतीय कामगार काम करत रहलें। एमे से लगभग 12 हजार भारतीय अक्टूबर 2023 के बाद इजरायल पहुंचल रहे लोग। भारत-इजरायल द्विपक्षीय समझौता के तहत 2024 में 6,365 भारतीय कामगार इजरायल गइल रहे लो, जबकि बाकी लोग निजी माध्यम से रोजगार खातिर पहुंचल।
50 हजार नया भारतीय कामगार भेजला पs बनल सहमति
भारत आ इजरायल के बीच फरवरी में भइल उच्चस्तरीय बैठक में अगिला पांच साल में 50 हजार आउर भारतीय कामगार इजरायल भेजला पs सहमति बनल रहे। ई फैसला प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ इजरायल के प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू के बैठक में लिहल गइल रहे। दुनो नेता इजरायल के निर्माण आ केयरगिवर क्षेत्र में भारतीय कामगारन के जोगदान के सराहना कइले रहे।
ममिला के जांच जारी
भारतीय मजदूर के मौत से इजरायल में काम करे वाला भारतीय समुदाय में चिंता बढ़ गइल बा। पुलिस हत्या के कारण, आरोपी के भूमिका आ घटना के पूरा सच पता लगावे खातिर गहन जांच करत बिया। अधिकारी कहत बाड़ें कि जांच पूरा होखला के बाद आगे के कानूनी कार्रवाई कइल जाई।









