NEET Paper Leak के विरोध में फेर सड़क पs उतरी सीजेपी, 5 सितंबर के इंडिया गेट से पुलिस मुख्यालय तक मार्च

By Shweta Supriya

Published on: Aug 25, 2026

नई दिल्ली। परीक्षा में कथित अनियमितता आ नीट पेपर लीक के विरोध में आंदोलन कs चुकल काकरोच जनता पार्टी (सीजेपी) अब फेर सड़क पs उतरे के एलान कइले बिया। संगठन के ओर से पांच सितंबर

Share

नई दिल्ली। परीक्षा में कथित अनियमितता आ नीट पेपर लीक के विरोध में आंदोलन कs चुकल काकरोच जनता पार्टी (सीजेपी) अब फेर सड़क पs उतरे के एलान कइले बिया। संगठन के ओर से पांच सितंबर के दिल्ली में विरोध मार्च निकालल जाई। ई मार्च शिक्षक दिवस के दिन इंडिया गेट से सुरू होके दिल्ली पुलिस मुख्यालय तक जाई।

सीजेपी के आरोप बा कि केंद्र सरकार 25 जुलाई के आंदोलन खतम करावत घरी जवन वादा कइले रहे, ओकरा के अभी तक पूरा नइखे कइले। संगठन एह वादा के पूरा करावे के मांग लेके फेर प्रदर्शन करे जा रहल बा।

मृत नीट अभ्यर्थियन के परिवार होई सामिल

सीजे के जारी बयान के मुताबिक, 5 सितंबर के होखे वाला मार्च के नेतृत्व ओह छात्रन के परिजन करी लो, जे नीट परीक्षा रद्द होखे आ दोबारा परीक्षा के बाद आत्महत्या से मौत हो गइल। जुलाई के आंदोलन के दौरान कथित पुलिस कार्रवाई से प्रभावित लोग एह विरोध मार्च में सामिल होई।

36 दिन चलल रहे आंदोलन

संगठन बतवलस कि केंद्र सरकार से बातचीत के बाद 25 जुलाई के 36 दिन से चलत आंदोलन वापस ले लिहल गइल रहे। बातचीत के दौरान प्रदर्शनकारियन पs दर्ज प्राथमिकी वापस लेवे, मृत नीट अभ्यर्थियन के परिवार के मुआवजा देवे आ परीक्षा सुधार के मुद्दा पs आगे बातचीत करे पs सहमति बनल रहे।

सीजेपी सरकार पs गंभीर आरोप

सीजेपी के आरोप बा कि सरकार अभी तक प्रदर्शनकारियन के खिलाफ दर्ज प्राथमिकी वापस लेवे आ ओह लोगन के दंडात्मक कार्रवाई से सुरक्षा देवे के दिशा में कवनो ठोस डेग नइखे उठवले।

संगठन के कहनाम बा कि सरकार तकनीकी अड़चन के हवाला देके कार्रवाई टालत बिया। संगही, लिखित आश्वासन के ममिला अभी ले लंबित बा।

सीजेपी के मोताबिक, पांच सितंबर के मार्च के माध्यम से सरकार पs आपन वादा पूरा करे खातिर दबाव बनावल जाई। संगठन परीक्षा प्रक्रिया में पारदर्शिता, प्रदर्शनकारियन के खिलाफ कार्रवाई वापस लेवे आ मृत अभ्यर्थियन के परिवार के सहायता देवे के मांग पs कायम बा।

Read Also: Ram Rahim Parole : राम रहीम के फेर मिलल 21 दिन के पैरोल, पांच साल में 17वां बेर जेल से आई बाहर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.