[the_ad_group id="30365"]

Chhath Special Train: बनारस-पटना आ छपरा खातिर चली स्पेशल ट्रेन, छठ पूजा पs घरे जाये वालन के रेलवे के तोहफा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छठ पूजा खातिर घोषित हो रहल विशेष ट्रेनन में यात्रियन के कंफर्म टिकट नइखे मिल रहलह। एकरा के धेयान में रखत उत्तर रेलवे बिहार आ पूर्वी उत्तर प्रदेश के शहरन खातिर हरदिन त्योहार विशेष ट्रेनन के घोषणा कs रहल बा। एही कड़ी में छपरा बनारस आ पटना खातिर त्योहार विशेष चलावे के घोषणा कइल गइल बा।

छपरा-पुरानी दिल्ली विशेष ट्रेन (05315/05316)

छपरा से ई विशेष ट्रेन 14 नवंबर से एक दिसंबर तक हर  सुक के पूर्वाह्न 11:15 बजे चली। पुरानी दिल्ली से ई 15 नवंबर से दु दिसंबर तक दुपपहरिया दु बजे रवाना होई। वातानुकूलित, शयनयान आ सामान्य श्रेणी कोच वाली ई ट्रेन मार्ग में बलिया, युसूफपुर, गाजीपुर सिटी, औंड़िहाड़, डोभी, केराकत, जौनपुर, शाहगंज, अकबरपुर, अयोध्या कैंट, लखनऊ, हरदोई, शाहजहांपुर, ओंला, चंदौसी, मुरादाबाद, अमरोहा, हापुड़, गाजियाबाद आ दिल्ली शाहदरा में ठहरी।

बनारस-आनंद विहार टर्मिनल विशेष (05089/05090)

वातानुकूलित कोच वाली ई विशेष ट्रेन बनारस से 14 से 28 नवंबर तक प्रत्येक मंगर के रात नौ बजे रवाना होई। वापसी में आनंद विहार टर्मिनल से 15 से 29 नवंबर तक हर बुध के सांझ सवा छह बजे चली। रास्ता में एकर ठहराव भदोही, मां बेलहा देवी धाम प्रतापगढ़, अमेठी, राय बरेली आ मुरादाबाद स्टेशनन पs होई।

पटना-आनंद विहार टर्मिनल सुपरफास्ट विशेष (02351/02352)

पटना से ई विशेष ट्रेन 21, 23, 25, 27, 29 नवंबर आ एक दिसंबर के सांझ चार बजे आ वापसी में आनंद विहार टर्मिनल से 22, 24 ,26, 28, 30 नवंबर आ दु दिसंबर के सबेरे आठ बजे चली। वातानुकूलित, शयनयान आ सामान्य श्रेणी कोच वाली ई ट्रेन रास्ता में दानापुर, आरा, बक्सर, पंडित दीन दयाल उपाध्याय जंक्शन, प्रयागराज आ गोविंदपुरी रेलवे स्टेशनन पs रुकी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]