[the_ad_group id="30365"]

आर्ट ऑफ लर्निंग के ओर से 17 आ 18 जून के राष्ट्रीय योगासन प्रतियोगिता के होइ आयोजन,रउरा भी ले सकेनी भाग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अंतर्राष्ट्रीय योग दिवस पs आर्ट ऑफ लर्निंग के ओर से 17 अवुरी 18 जून के कोटा में पहिला बेर राष्ट्रीय योगासन प्रतियोगिता के आयोजन होई। जेकर रजिस्ट्रेशन शुरू हो गइल बा। राष्ट्रीय स्तर के ओपन योग चैम्पियनशिप में देश भर के योग के योगाभ्यर्थी भाग लीहें।

आर्ट ऑफ लर्निंग के निदेशक डॉ. रीना अग्रवाल बतवली कि कोटा में पहिला बेर 17-18 जून के झालावाड़ रोड के अग्रवाल सेवा सदन में सबेरे नौ बजे से दू दिन के प्रतियोगिता करावल जाई। एह चैम्पियनशिप में देश भर के कई गो स्कूल, कॉलेज, योग प्रशिक्षण केंद्र के छात्र भी एह प्रतियोगिता मे हिस्सा लीहे। उ बतवली कि लायंस क्लब ऑफ नवी मुंबई चैंपियन, जानकल्याण समाज संस्था, पनवेल अवुरी अग्रवाल समाज संस्था कोटा के संगे लायंस डॉ. प्रताप मुदलिआर, दिनेश अग्रवाल, मनीष बंसल, पीयूष बंसल, वासुकि चक्रवर्ती, जगदीश मित्तल, सुरेश अग्रवाल प्रतियोगिता में भाग लेले के साथे सहयोग कइल जा रहल बा।

आवे वाली पीढ़ी के योग से जोड़े के कोशिश 

रीना अग्रवाल कहली कि आर्ट ऑफ लर्निंग में अबे ले 20 से जादा राष्ट्रीय अवुरी अंतर्राष्ट्रीय योग प्रतियोगिता के आयोजन भईल बा। एह प्रतियोगिता के माध्यम से हमनी के आवे वाली पीढ़ी के योग से जोड़े के प्रयास हो रहल बा। जइसे देश में बाकी सगरी खेल प्रतियोगिता के प्रोत्साहित कइल जाला। एही तरे लोग के योग प्रतियोगिता के भी प्रोत्साहित करे के चाही। रोज योग कईला से शरीर के स्वास्थ्य स्वस्थ रहेला अवुरी बेमारी कम हो जाला। प्रतियोगिता में भाग लेवे खातिर रउआ एह नंबर 8080212851 पs रजिस्ट्रेशन करा सकेनी।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]