नांदेड से कांग्रेस सांसद वसंत चव्हाण के भइल निधन

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 26, 2024

  महाराष्ट्र से एगो बड़ खबर सामने आ रहल बा।  नांदेड़ के सांसद वसंतराव चव्हाण के निधन हो गइल बा. वसंतराव चव्हाण कांग्रेस पार्टी के टिकट पs सांसद रहले। बतावल जाता कि उ बहुत दिन से

Share

 

महाराष्ट्र से एगो बड़ खबर सामने आ रहल बा।  नांदेड़ के सांसद वसंतराव चव्हाण के निधन हो गइल बा. वसंतराव चव्हाण कांग्रेस पार्टी के टिकट पs सांसद रहले। बतावल जाता कि उ बहुत दिन से बेमार रहले।

महाराष्ट्र के नांदेड़ लोकसभा सीट से कांग्रेस सांसद वसंतराव चव्हाण के सोमार (26 अगस्त) के निधन हो गइल. पिछला कई दिन से उs बेमार रहले। स्वास्थ्य बिगड़ला के बाद तेलंगाना के राजधानी हैदराबाद में स्थित क्रीम्स अस्पताल में भर्ती करावल गईल, जहां उनुकर इलाज चलत रहे। अतवार के रात में उनुकर स्वास्थ्य बिगड़ गईल अवुरी सोवार के सबेरे उनुकर मौत हो गईल। उनुका निधन के चलते राजनीतिक गलियारन में शोक के लहर बा।

मिलल जानकारी के मुताबिक आधा रात में अचानक उनुकर स्वास्थ्य बिगड़ गईल। एकरा बाद सोमार के सबेरे चार बजे अस्पताल में अंतिम सांस लेले। वसंतराव चव्हाण के सांस लेवे में परेशानी होखत रहे, जवना के बाद उनुका के अस्पताल में भर्ती करावल गईल। उनुका ब्लड प्रेशर कम होत रहे। शुरू में जब उनुकर स्वास्थ्य बिगड़ल तs उनुका के नांदेड़ के अस्पताल में भर्ती करावल गईल। कुछ समय ले उहाँ के इलाज भईल, बाकिर ओकरा बाद डॉक्टर के सलाह पs उनुका के हैदराबाद शिफ्ट कs दिहल गईल।

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.