नागपुर MLC चुनाव में कांग्रेस पलट दिहलस बाजी, फडणवीस-गडकरी के गढ़ में बीजेपी के हरवलस

By Shweta Supriya

Published on: Oct 29, 2026

नागपुर। उत्तर प्रदेश, बिहार, महाराष्ट्र आ कर्नाटक में विधान परिषद के चुनाव के नतीजा सामने आ गइल बा। एह राज्यन के कुल 28 सीट पर एमएलसी के चुनाव भइल। एमएलसी चुनाव के बुधवार के रात

Share

नागपुर। उत्तर प्रदेश, बिहार, महाराष्ट्र आ कर्नाटक में विधान परिषद के चुनाव के नतीजा सामने आ गइल बा। एह राज्यन के कुल 28 सीट पर एमएलसी के चुनाव भइल।

एमएलसी चुनाव के बुधवार के रात ले आइल नतीजन में कांग्रेस के कवनो राज्य में एक्को सीट ना मिलल रहे, बाकिर आखिरकार महाराष्ट्र के नागपुर एमएलसी सीट पर कांग्रेस के खाता खुल गइल बा।

MLC चुनाव में खुल गइल कांग्रेस के खाता

नागपुर डिवीजन ग्रेजुएट्स निर्वाचन क्षेत्र के सीट पर कड़ा मुकाबला में कांग्रेस के उम्मीदवार आ मौजूदा एमएलसी अभिजीत वंजारी बीजेपी के उम्मीदवार के 3,271 वोट से हरा दिहलन।

नागपुर के एह सीट पर वोट के गिनती मंगलवार के सबेरे शुरू भइल रहे आ बियफे के भोर में जा के पूरा भइल। कांग्रेस मौजूदा एमएलसी वंजारी के मैदान में उतारले रहे, जिनका 67,231 वोट मिलल। ओहिजा बीजेपी पूर्व विधायक सुधाकर कोहाले के टिकट देले रहे, जिनका 63,960 वोट मिलल।


नागपुर सीट पर कांग्रेस के जीत बीजेपी खातिर एगो बड़ झटका बा, काहे कि ओकरा महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री देवेंद्र फडणवीस आ केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी के गृह नगर में हार के सामना करे के पड़ल बा। एह दुनो नेता सुधाकर कोहाले के जीतावे खातिर जम के प्रचार कइले रहले। नागपुर में ही राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ (RSS) के मुख्यालय भी बा।

आखिरी राउंड ले बनल रहल सस्पेंस

पहिला पसंद (फर्स्ट प्रेफरेंस) के वोट के गिनती के दूसरा दौर के बाद कोहाले के 60,924 वोट मिलल रहे, जबकि वंजारी के 56,630 वोट मिलल रहे। निर्दलीय उम्मीदवार नितेश कराले के 24,249 वोट मिलल रहे।

हालांकि, कवनो उम्मीदवार के जरूरी वोट के कोटा ना मिल पावे के चलते, गिनती ‘दूसरा पसंद’ (सेकंड प्रेफरेंस) के वोट वाला दौर तक पहुंच गइल।

एक वरिष्ठ चुनाव अधिकारी पीटीआई के बतवलें कि छंटनी के दौर (एलिमिनेशन राउंड) के बाद वंजारी के कुल 67,231 वोट मिलल, जबकि कोहाले के 63,960 वोट मिलल।

नागपुर डिवीजन ग्रेजुएट्स निर्वाचन क्षेत्र के प्रतिनिधित्व लंबे समय तक केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी कइले रहलें। ऊ कई कार्यकाल तक एहिजा से एमएलसी रहलें। पिछला चुनाव में कांग्रेस के अभिजीत वंजारी बीजेपी के उम्मीदवार संदीप जोशी के हरा दिहले रहलें।

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.