[the_ad_group id="30365"]

Muzaffarpur News : 9 घंटा में सौ मीटर के दूरी पऽ दू गो हादसा, जवानन के ले जा रहल बस दुर्घटनाग्रस्त; 51 जख्मी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Muzaffarpur News : नौ घंटा में सौ मीटर के दूरी पs दू गो बस हादसा भइल। समस्तीपुर से चुनाव करा के असम पुलिस के जवानन के सारण लेके जा रहल बस एगो ट्रक से टकरा गइल। एह हादसा में 33 लोग घायल हो गइले। एकरा अलावा बिहार पुलिस के जवान के लेके समस्तीपुर से मुजफ्फरपुर आ रहल बस पलट गइल। एह हादसे में 18 जवान जख्मी हो गइल।

सकरा (मुजफ्फरपुर)। सकरा थाना क्षेत्र में राष्ट्रीय उच्च पथ 28 पs बुध के लोकसभा चुनाव खातिर जवानन के लेके जा रहल दू गो बस दुघर्टनाग्रस्त हो गइल। एमें 51 जवान घायल हो गइले। एमें से बीस के हालत गंभीर बा। गंभीर रूप से घायल मरीजन के एसकेएमसीएच में भर्ती करावल गइल बा। शेष के रेफरल अस्पताल सकरा में इलाज कइल गइल।

12 गो घायल लोग के हालत गंभीर

घटना के बाद स्थानीय लोग मौका पs पहुंचल आ घायल जवानन के लेके सकरा रेफरल अस्पताल में भर्ती करवलस। उहाँ से प्राथमिक उपचार के बाद चिकित्सक 12 घायलन के हालत गंभीर होखला पs एसकेएमसीएच रेफर कर देले।

रेफरल अस्पताल के चिकित्सा पदाधिकारी मो. मसीहुद्दीन बतवले कि असम के घायल 33 जवानन के भर्ती करावल गइल बा। एमें 12 जवानन के हालत नाजुक होखला पs एसकेएमसीएच रेफर कर दिहल गइल बा।

असम पुलिस के टीम कमांडर रिंकू प्रधान बतवले कि समस्तीपुर से चुनाव करा के एगो बस से 35 जवान सारण के खातिर निकलल रहले। रास्ता में सुजावलपुर चौक के लगे दुर्घटना में जवान घायल हो गइले।

गंभीर रुप से घायल उत्तम खेत्री लक्षद्वीप, अन्नखलवल, जूनीजही बलुआ, अंकन गोवई, रीलूट पोल दास, दीपक बोल्या, नवीनवोरूआ, लेवल गोवई के रेफर कइल गइल बा। बाकी सब घायलन के इलाज के बाद सकरा थाना में सुरक्षित राखल गइल बा।

बिहार पुलिस के महिला आ पुरुष जवान घायल हो गइले

धर, राष्ट्रीय उच्च पथ 28 के सुजावलपुर चौक के लगे बुध के फोर्स से लदल दूसरकी बस पलट गइल। एमें दो दर्जन से बेसी बिहार पुलिस के महिला आ पुरुष जवान घायल हो गइले। घायलन के सकरा रेफरल अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। बस में सवार सब बिहार पुलिस के जवान रहले।

समस्तीपुर से मुजफ्फरपुर चुनाव करावे खातिर आवत रहले। सुजावलपुर चौक के लगे बस अनियंत्रित होके पलट गइल। एही दौरान चालक बस से कूद गइले। गंभीर रूप से घायल महिला आ पुरुष आठ जवानन के एसकेएमसीएच रेफर कऽ दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]