[the_ad_group id="30365"]

Muzaffarpur Crime : पूर्व सीएम नीतीश कुमार से सम्मानित कारोबारी के दुकान में घुस के मारल गइल गोली, मुजफ्फरपुर में घटना से मचल सनसनी

Sitamarhi Crime: Youth Shot by Apache Bike Attackers in Bajitpur
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुजफ्फरपुर : बिहार के मुजफ्फरपुर जिला में मंगर के दिन दहला देवे वाला घटना सामने आइल बा। बोचहा थाना क्षेत्र के सलहां गांव में बाइक पर सवार दू अपराधी एगो कृषि व्यवसायी आ किराना दुकानदार के दुकान में घुस के गोली मार देलस। घटना के बाद पूरा इलाका में सनसनी फैल गइल बा।

जानकारी के मुताबिक, घटना मंगर के दुपहरिया करीब 12 बजे भइल। अपराधी दुकान में पहुंचलें सs आ कारोबारी पs गोली चला के मवका से फरार हो गइलें सs। गोली चले के आवाज सुनतही आसपास के लोग आ खेत में काम करत परिजन घटनास्थल पs पहुंच गइल लो।

गंभीर हालत में अस्पताल में भरती

घायल कारोबारी के तुरंत इलाज खातिर मुजफ्फरपुर के एसकेएमसीएच (SKMCH) ले जाइल गइल। डॉक्टर लोग उनका इलाज में जुटल बा। घटना के बाद परिवार में अफरा-तफरी के माहौल बन गइल बा।

घायल व्यक्ति के पहचान सलहां गांव निवासी हरेराम चौधरी उर्फ राजू चौधरी के रूप में भइल बा। ऊ कृषि बेवसाय के संगे किराना दुकानो चलावेलें।

किसान सम्मान से हो चुकल बाड़ें सम्मानित

राजू चौधरी कृषि क्षेत्र में बेहतर काम खातिर पहचान रखेलें। कृषि विभाग के ओर से उनकरा के किसान सम्मान पुरस्कार से सम्मानित कइल जा चुकल बा। इहवां तक कि पूर्व मुख्यमंत्री नीतीश कुमार उनकर उत्कृष्ट जोगदान खातिर सम्मानित कs चुकल बाड़ें।

पुलिस जांच में जुटल

गोलीबारी के सूचना मिलतही पुलिस घटनास्थल पs पहुंच के जांच सुरू कs देले बिया। सुरुआती जांच में लूटपाट के कोसिस के दौरान गोली चलावे के आशंका जतावल जा रहल बा। हालांकि पुलिस हर पहलू से ममिला के जांच करत बिया।

घटना के बाद गांव आ आसपास के इलाका में बड़ भीड़ जुट गइल। पुलिस अपराधियन के पहचान आ गिरफ्तारी खातिर छापेमारी सुरू कs देले बिया। एह वारदात से स्थानीय लोगन में डर आ आक्रोश के माहौल बन गइल बा।

Read Also: UP : रामकथा कार्यक्रम में पहुंचलें सीएम योगी, कहलें- राम के नाम में बा जिनगी के हर समस्या के समाधान

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]