माई के पेड़ से बांह दिहलस, आंख के सोझा बेटी के अस्मत के तार-तार कइलस… अब 5 महीना बाद दर्ज भ‌इल केस

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 20, 2024

बिहार के मुजफ्फरपुर जिला के अहियापुर थाना में एगो गैंगरेप के घटना के 5 महीना बाद मामिला के FIR दर्ज करावल ग‌इल । दरअसल, आरोप बा की मामिला पहिले पंचायत में ले जइले रहल आ

Share

बिहार के मुजफ्फरपुर जिला के अहियापुर थाना में एगो गैंगरेप के घटना के 5 महीना बाद मामिला के FIR दर्ज करावल ग‌इल । दरअसल, आरोप बा की मामिला पहिले पंचायत में ले जइले रहल आ पीड़िता के परिजनन के थाना जाए से रोकल ग‌इल। अब जबे थाना में मामिला पहुंचल तs पुलिस जांच में जुट ग‌इल बा।

20 अगस्त 2023 के घटना

पुलिस के एक गो अधिकारी सुक के बत‌उन के अहियापुर थाना में दर्ज एफआईआर में आरोप लगावल ग‌इल बा कि माई के सामने एक गो स्कूली छात्रा के साथे दुगो युवक गैंगरेप के घटना के अंजाम दिहले। बतावल जाता की पिछिला साल 20 अगस्त के पीड़िता अपना माई के साथे सब्जी लेके घरे लौटत रहली , तबे आरोपी कुल चाकू दिखाके दुनों के लीची के बगीचा में ले ग‌इले, जहवां माई के लीची के पेड़े से बांध दिहला आ बेटी के साथे दुष्कर्म क‌इले।

गांव से निकाले के धमकी

घटना के बादे आरोपी गांवे में पंचायत करे के बात कs के पीड़िता के थाना ज‌इले से रोक दिहल। इs धमकी दीहलस की अगर थाना में शिकायत क‌इल गइल तs पूरा परिवार के गांवे से निकाल दिहल जाई।

अहियापुर के थाना प्रभारी रोहन कुमार बत‌उन के पीड़िता के बयान पs गैंगरेप के आरोपी में एफआईआर दर्ज क‌s लीहल ग‌इल बा । पुलिस मामिला के छानबीन करत बा। उs बत‌वले के पंचायत करे वालन के आरोपी बनावल ग‌इल बा। उs कहले की आरोपियन के गिरफ्तारी के खातिर छापेमारी क‌इल जात रहल बा।

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.