मुंबई हिट एंड रन केसः आरोपी मिहिर शाह के फोरेंसिक रिपोर्ट आईल सामने, पुलिस के लागल बड़ झटका

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 10, 2024

  मुंबई के वर्ली BMW हिट एंड रन केस के मुख्य आरोपी मिहिर शाह के फोरेंसिक रिपोर्ट सामने आईल बा। रिपोर्ट के मुताबिक दुर्घटना के समय मिहिर शराब के नशा में ना रहले। पुलिस के

Share

 

मुंबई के वर्ली BMW हिट एंड रन केस के मुख्य आरोपी मिहिर शाह के फोरेंसिक रिपोर्ट सामने आईल बा। रिपोर्ट के मुताबिक दुर्घटना के समय मिहिर शराब के नशा में ना रहले। पुलिस के मिलल फोरेंसिक रिपोर्ट में दुर्घटना के समय मिहिर नशा में धुत्त ना होखे के पुष्टि भईल बा फोरेंसिक रिपोर्ट में नेगेटिव आईल बा। गिरफ्तारी के बाद पुलिस आरोपी मिहिर शाह के खून अवुरी पेशाब के नमूना लेके फोरेंसिक जांच खातीर भेज देलस। ईs फोरेंसिक रिपोर्ट बियफे के साँझ वर्ली पुलिस के मिलल.

घटना के 58 घंटा बाद गिरफ्तार भइल रहे मिहिर शाह

घटना के करीब 58 घंटा बाद वर्ली पुलिस विरार फाटा से आरोपी मिहिर शाह के गिरफ्तार कs लेलस। एह दौरान बहुत समय बीतला के चलते पकड़े से पहिले शराब उनुका शरीर से निकल चुकल रहे। हालांकि गिरफ्तारी के बाद जांच अधिकारी निर्देश के मुताबिक मिहिर के मेडिकल जांच करावा देले। फोरेंसिक रिपोर्ट निकलला के बाद पुलिस के बड़ झटका लागल बा। रिपोर्ट में आरोपी मिहिर के होई शव में शराब ना होखे के चलते अब पुलिस के इs मामला परिस्थितिजन्य सबूत के आधार पs कोर्ट में पेश करे के होई।

घटना 7 जुलाई के भईल रहे

फोरेंसिक जांच के मुताबिक जदी आरोपी मिहिर शाह के रिपोर्ट पॉजिटिव आईल रहित तs पुलिस खातीर इs मामला आसान हो जाता। बाकिर रिपोर्ट के नेगेटिव आवे के चलते अब इs मामला पुलिस खातीर बड़ चुनौती बन गईल बा। आईं बतावल जाव कि मुंबई के वर्ली इलाका में 7 जुलाई के सबेरे वर्ली के अटरिया मॉल के लगे एगो तेज रफ्तार बीएमडब्ल्यू कार बाइक से टकरा गइल जवना में कावेरी नखवा (45) नाम के एगो औरत के मउत हो गइल आ ओकर पति प्रदीप घवाहिल हो गइलन रहे। एs घटना में पुलिस आरोपी के पिता अवुरी ड्राइवर के भी गिरफ्तार कs लेले रहे। आरोपी के पिता शिंदे गुट के नेता हवे।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.