Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

WPL Final: मुंबई इंडियंस दिल्ली के हराके जीतलस महिला प्रीमियर लीग के खिताब, गेंदबाजन के बाद नताली के कमाल

मुंबई फ्रेंचाइजी के खाता में ई आठवां  ट्रॉफी बा। ओकर पुरुष टीम आईपीएल में पांच बेर आ चैम्पियनस लीग में दु बेर चैंपियन बन चुकल बिया। 

4,589

मुंबई इंडियंस के टीम महिला प्रीमियर लीग के पहिला सीजन के खिताब अपना नामे कs लेलस। उ अतवार (26 मार्च) के मुंबई के वानखेड़े स्टेडियम में दिल्ली कैपिटल्स के सात विकेट से हरा देलस। दिल्ली के कप्तान मेग लैनिंग टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी के फैसला कइली। उनकर टीम 20 ओवर में नव विकेट पs 131 रन बनवलस। जवाब में मुंबई 19.3 ओवर में तीन विकेट पs 134 रन बनाके मैच के अपना नामे कs लिहल।

नताली सीवर ब्रंट – फोटो : WPL

इंग्लैंड के अनुभवी खिलाड़ी नताली सीवर ब्रंट मुंबई के चैंपियन बनवली। ऊ दबाव में यादगार पारी खेलली। नताली 55 गेना पs नाबाद 60 रन बनवली। मुंबई फ्रेंचाइजी के खाता में ई आठवां  ट्रॉफी बा। ओकर पुरुष टीम आईपीएल में पांच बेर आ चैम्पियनस लीग में दु बेर चैंपियन बन चुकल बिया।

नताली सीवर ब्रंट – फोटो : WPL

नताली कइली अहम साझेदारी 

नताली अमेलिया केर संगे चउथा विकेट खातिर 20 गेना पs नाबाद 39 रन के साझेदारी कइली। अमेलिया केर आठ गेना पs 14 रन बनाके नाबाद रहली। नताली एकरा पहिले तीसरका विकेट खातिर कप्तान हरमनप्रीत कौर के संगे 74 गेना पs 72 रन के साझेदारी कइली। हरमनप्रीत 39 गेना पs 37 रन बनाके आउट भइली। हीली मैथ्यूज 13 आ यास्तिका भाटिया चार रन बनवली। दिल्ली खातिर राधा यादव आ जेस जोनासेन एक-एक विकेट अपना नावे कइल लो।

शेफाली वर्मा – फोटो : WPL

दिल्ली के खराब सुरुआत

एकरा पहिले टॉस जीतके बल्लेबाजी करे उतरल दिल्ली के सुरुआत बहुते खराब रहल। दूसरके ओवर में शेफाली वर्मा 11 रन बनाके आउट हो गइली। एकरा दु गेना बादे एलिस कैप्सी खाता खोलले बिना पवेलियन लवट गइली। दुनो विकेट इस्सी वोंग के फुल टॉस गेना पs मिलल। एकरा बाद कप्तान लैनिंग जेमिमा रोड्रिग्स के संगे मिलके पारी संभरली, बाकिर पांचवां ओवर में जेमिमो नव रन बनाके वोंग के फुलटॉस पs आउट हो गइली।

मुंबई इंडियंस बनाम दिल्ली कैपिटल्स – फोटो : WPL

दिल्ली के टीम पावरप्ले में तीन विकेट खोके 38 रन बना सकल। एकरा बाद लैनिंग आ मरिजान कैप के अनुभवी जोड़ी 38 रन के साझेदारी कइलस, बाकिर कैप 18 रन बनाके अमेलिया केर के शिकार बनली। एह समय दिल्ली के स्कोर 73 रन रहे। एकरा बाद से दिल्ली ने छव रन बनावे में पांच विकेट गंवा देलस आ 15.6 ओवर में टीम के स्कोर नौ विकेट पs 79 रन हो गइल।

मेग लैनिंग रन आउट भइली – फोटो : WPL

लैनिंग के रन आउट होखते बिखरल टीम

कैप के आउट होखला के बाद कप्तान लैनिंग 35 के स्कोर पs रन आउट भइली आ उनका वापस जातही पूरा टीम दबाव में आ गइल। सब बल्लेबाज गलत शॉट खेलके अपना विकेट गंवावल लो आ टीम के मझधार में छोड़ दिहल। एक समय अइसन लागत रहे कि दिल्ली के टीम 100 रन तक ना बना पाई, बाकिर शिखा पांडे आ राधा यादव आखिरी विकेट खातिर 52 रन के नाबाद साझेदारी कs के अपना टीम के लड़े लायक स्कोर तक पहुंचावल। शिखा पांडे 17 गेना में 27 आ राधा यादव ने 12 गेना में 27 रन के पारी खेलल लो। दिल्ली के टीम कवनो तरे निर्धारित 20 ओवर में नौ विकेट खोके 131 रन बनावे में सफल रहल।

दिल्ली कैपिटल्स बनाम मुंबई इंडियंस – फोटो : WPL

मुंबई खातिर वोंग आ मैथ्यूज के कमाल

मुंबई इंडियंस खातिर सबसे जादे तीन-तीन विकेट इस्सी वोंग आ हेली मैथ्यूज लिहल लो। हालांकि, वोंग अपना चार ओवर में 42 रन लुटा देली। ओहिज, मैथ्यूज चार ओवर में खाली पांच रन देलें आ दु गो मेडन ओवर कइली। वोंग दिल्ली के शीर्ष क्रम के तहस-नहस कइली, जबकि मैथ्यूज निचला क्रम के समेटली। एह दुनो के अलावे अमेलिया कर दु गो अहम विकेट लेली। दिल्ली के कप्तान लैनिंग रन आउट भइली।

493760cookie-checkWPL Final: मुंबई इंडियंस दिल्ली के हराके जीतलस महिला प्रीमियर लीग के खिताब, गेंदबाजन के बाद नताली के कमाल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.