[the_ad_group id="30365"]

Champions Trophy: अभ्यास सत्र के दौरान एह स्टार भारतीय बल्लेबाज के लागल चोट, दर्द से कराहत लउकलें

Champions Trophy: अभ्यास सत्र के दौरान एह स्टार भारतीय बल्लेबाज के लागल चोट, दर्द से कराहत लउकलें
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क : भारत के विकेटकीपर-बल्लेबाज ऋषभ पंत के दुबई में टीम के अभ्यास सत्र के दौरान घुटना में चोट लागल। भारत के 20 फरवरी के बांग्लादेश के खिलाफ आपन पहिला मैच खेले के बा आ ओकरा ठीक तीन दिन पहिले पंत के ओहि घुटना (बायां) में चोट लागल, जे एक्सीडेंट के दौरान चोटिल भइल रहे। हार्दिक पांड्या के एगो दमदार शॉट पs गेना पंत के बायां घुटना पs जा लागल। ऊ दर्द से कराह उठलें, बाकिर फिजियो कमलेश जैन उनकर उपचार तुरंत कइलें।

एकरा बाद हार्दिक नेट्स से निकलके उनकर हाल जाने पहुंचलें। पंत सुरू में तs दरद से कराहत आ लंगड़ाके चलत दिखलें। हालांकि, चोट गंभीर ना रहे आ फीजियो के उपचार कइला के बाद पंत तुरंत पैड पहिनके बल्लेबाजी अभ्यास खातिर अइलें। विकेटकीपर-बल्लेबाज ड्रेसिंग रूम से लवटला के बाद अक्षर पटेल के संगे हंसी मजाको कइलें। पंत पहिला बेर चैंपियंस ट्रॉफी खेलत लउकिहें। ऊ लमहर समय से टीम खातिर मैच विनर रहल बाड़ें। भारत आपन सब मैच दुबई इंटरनेशनल स्टेडियम में खेली।

भारत चैंपियंस ट्रॉफी में अपना अभियान के सुरुआत 20 फरवरी के दुबई में बांग्लादेश के खिलाफ करी। एकरा बाद टीम 23 फरवरी के चिर प्रतिद्वंद्वी पाकिस्तान से भिड़ी। फेर टीम इंडिया के सामना न्यूजीलैंड से होई। ग्रुप-ए आ ग्रुप-बी दुनो से शीर्ष दु टीम सेमीफाइनल में जाई। भारत दु बेर चैंपियंस ट्रॉफी जीतले बा। 2002 में ऊ मेजबान श्रीलंका के संगे ट्रॉफी साझा कइले रहस। ओहिजा, 2013 में भारत मेजबान इंग्लैंड के पांच रन से करीबी मुकाबला में हरवले रहस।

कोहली अभ्यास के दौरान एकाग्रता पs ध्यान देलें। रोहित कटक में पिछला हफ्ता इंग्लैंड के खिलाफ शतक के बाद अच्छा मूड में दिखत रहलें। मुख्य बल्लेबाजन के नेट अभ्यास के दौरान हर्षित राणा, वरूण चक्रवर्ती आ पंत फील्डिंग कोच टी दिलीप के संगे अभ्यास कइल लो। कोहली के ‘फन एक्टिविटी’ के दौरान मजाक करत देखल गइल।

मोहम्मद शमी गेंदबाजी कोच मोर्ने मोर्कल के संगे बहुते समय बितवलें। इंग्लैंड के खिलाफ टी20 आ वनडे के माध्यम से अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में वापसी करे वाला शमी घुटना पs स्ट्रेचेबल कैप पहिनले रहस। ऊ छोटे रनअप के संगे सुरुआती कइलें। बल्लेबाजन के नेट पs आवे से पहिले शमी आपन लैंग्थ एडजस्ट करत लअकलें आ गेंदबाजी कोच मोर्कल के संगे बल्लेबाजन के छोर तक गइलें। अइसन लागल कि ऊ आदर्श लैंग्थ का होखे के चाहीं, एकरा पs बात करत रहे लो। हार्दिक आ श्रेयस अय्यर कुलदीप यादव आ बाकी स्पिनरन के खेलल लो।

Read Also: Share Market: हफ्ता के पहिला कारोबारी दिन घरेलू शेयर बाजार धड़ाम, सेंसेक्स-निफ्टी में बड़ गिरावट

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]