आध्यात्मिक गुरु मोरारी बापू के पत्नी के निधन, 79 के उमिर में लिहली अंतिम सांस

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 12, 2025

आध्यात्मिक गुरु मोरारी बापू के पत्नी नर्मदाबा के बुध के गुजरात के भावनगर जिला के तलगाजर्दा गांव में अपना आवास पs निधन हो गईल। उs 79 साल के रहली।मोरारी बापू के एगो करीबी सहायक पत्रकारन

Share

आध्यात्मिक गुरु मोरारी बापू के पत्नी नर्मदाबा के बुध के गुजरात के भावनगर जिला के तलगाजर्दा गांव में अपना आवास पs निधन हो गईल। उs 79 साल के रहली।मोरारी बापू के एगो करीबी सहायक पत्रकारन से बतवली कि नर्मदाबा कुछ समय से अस्वस्थ रहली। बुध के सबेरे-सबेरे तलगाजर्दा में अपना आवास पs उनुकर अंतिम सांस लेहली, जहां उनुकर अंतिम संस्कार सबेरे कs दिहल गईल।

पीएम मोदी संवेदना जतवले

मोरारी बापू के एगो करीबी दोस्त बतवले कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी दुपहरिया में मोरारी बापू से फोन पs बात कईल अवुरी संवेदना जतवले। बता दीं कि मोरारी बापू राम कथा के प्रसिद्ध कथाकार हउवें. रामचरितमानस के व्याख्याता हउवन.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ भक्तन के कुल कष्ट दूर करेली गोरखपुर के ‘मां करवल देवी’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.