[the_ad_group id="30365"]

Mohammed Shami के भारतीय टीम में वापसी पs आइल बड़ अपडेट, विरोधी खेमा में मचल खलबली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

वनडे विश्व कप के बाद चोटिल होखला के कारण भारतीय टीम से बाहर चल रहल तेज गेंदबाज मोहम्मद शमी के जल्दिये वापसी के उम्मीद कइल जा रहल बा। शमी बांग्लादेश के विरुद्ध 19 सितंबर से चेन्नई में सुरू हो रहल दु मैचन के घरेलू टेस्ट सीरीज खातिर टीम में वापसी कs सकत बाड़ें।

शमी वनडे विश्व कप 2023 में सबसे जादे विकेट लेवे वाला गेंदबाज रहलें, ऊ खाली सात मैचन में 24 विकेट चटकवले रहस। विश्व कप के बाद शमी के दहिना एड़ी में चोट के कारण क्रिकेट से दूर रहे के पड़ल रहे। एकरा चलते उनका एह साल 2024 में सर्जरियो करवावे के पड़ल रहे। ऊ क्रिकेट से कइयन महीना से दूर रहल बाड़ें।

शमी अपना चोट से बहुत अच्छी तरे से रिकवर कs रहल बाड़ें। एगो रिपोर्ट के अनुसार, शमी फिलहाल एनसीए में अपना रिहैब के अंतिम चरण में बाड़ें आ पिछला महीना ऊ गेंदबाजी सुरू कइले रहस। रिपोर्ट में बतावल गइल बा कि फिट होखला के बाद शमी धीरे-धीरे अपना गेंदबाजी के कार्यभार बढ़वलें बाड़ें।

एह महीना के सुरुआत में, श्रीलंका के सीमित ओवरन के दौरा पs रवाना होखे से पहिले प्रेस कॉन्फ्रेंस में मुख्य चयनकर्ता अजीत अगरकर कहके रहस कि शमी गेंदबाजी सुरू कs देले बाड़ें। उनकर लक्ष्य 19 सितंबर से चेन्नई में बांग्लादेश के विरुद्ध सुरू होखे वाला भारत के पहिला टेस्टस्ट मैच में खेलल बा, ताकि ऊ अंतरराष्ट्रीय स्तर पs वापसी कs सकस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]