ICC Rankings: Mohammad Siraj के मिलल धांसू प्रदर्शन के इनाम, वनडे में बनलें दुनिया के नंबर वन गेंदबाज

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 20, 2023

एशिया कप 2023 के फाइनल मुकाबला में श्रीलंका के बल्लेबाजन पs कहर बनके टूटल मोहम्मद सिराज के आईसीसी के जारी ताजा वनडे रैंकिंग में जबरदस्त फायदा पहुंचल बा। खिताबी मुकाबला में छव विकेट चटकावे के

Share

एशिया कप 2023 के फाइनल मुकाबला में श्रीलंका के बल्लेबाजन पs कहर बनके टूटल मोहम्मद सिराज के आईसीसी के जारी ताजा वनडे रैंकिंग में जबरदस्त फायदा पहुंचल बा। खिताबी मुकाबला में छव विकेट चटकावे के इनाम सिराज के मिलल बा आ ऊ वनडे क्रिकेट में दुनिया के नंबर वन गेंदबाज बन गइल बाड़ें। सिराज आठ पायदान के लमहर छलांग लगवले बाड़ें। ओहिजा, हेनरिक क्लासेन के ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ खेलल गइल तूफानी पारी से फायदा पहुंचल बा।

सिराज बनलें नंबर वन

एशिया कप 2023 के फाइनल में श्रीलंका के खिलाफ छव विकेट चटकावे वाला मोहम्मद सिराज के आईसीसी के जारी ताजा वनडे रैंकिंग में बल्ले-बल्ले भइल बा। सिराज एकदिवसीय क्रिकेट में दुनिया के नंबर वन गेंदबाज बन गइल बाड़ें। सिराज ई पोजीशन अपना करियर में दूसरका बेर हासिल कइले बाड़ें। एकरा पहिले एही साल मार्च में ऊ एह फॉर्मेट में नंबर वन बॉलर बनल रहस। सिराज जोश हेजलवुड के पीछे छोड़ले बाड़ें। हेजलवुड अब दूसरका नंबर पs खिसक गइल बाड़ें।

हेनरिक क्लासेन लगवलें लमहर छलांग

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ चउथा वनडे मुकाबला में मात्र 83 गेंदन पs 174 रन के तूफानी पारी खेले वाला हेनरिक क्लासेन के आईसीसी के ताजा रैंकिंग में जबरदस्त फायदा पहुंचल बा। क्लासेन 20 पायदान के छलांग लगावत बल्लेबाजन के रैंकिंग में टॉप 10 में आपन नाम सुमार कs लेले बाड़ें। क्लासेन अब 9वां स्थान पs पहुंच गइल बाड़ें। 209 के स्ट्राइक रेट से खेलत साउथ अफ्रीका के विकेटकीपर बल्लेबाज जमके तबाही मचवले रहस। न्यूजीलैंड के खिलाफ शतक जमावे वाला डेविड मलान 13वां स्थान पs पहुंच गइल बाड़ें।

मुजीब-राशिद के पहुंचल फायदा

वनडे क्रिकेट में गेंदबाजन के रैंकिंग में मुजीब उर रहमान आ राशिद खान के फायदा पहुंचल बा। मुजीब अब चउथा नंबर पs पहुंच गइल बाड़ें, जबकि राशिद उनका से एक पायदान नीचे माने पांचवां नंबर पs काबिज बा। केशव महाराज 10 पायदान के छलांग लगवले बाड़ें आ अब उ 15 वां नंबर पs आ गइल बाड़ें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.