[the_ad_group id="30365"]

छपरा में अपराधी जेल पुलिस के मरले सs गोली: ड्यूटी खत्म कs के घरे जात रहे जामदार, बेहतर इलाज खातिर PMCH रेफर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा में अपराधी पुलिसकर्मी के गोली मारके गंभीर रूप से घायल कs देलें सs। घटना सोमार के देर सांझ भगवान बाजार थाना क्षेत्र के पुरनका चिराई घर के लगे घटित भइल बा। घायल पुलिसकर्मी के पहचान अनुज कुमार पिता कैलाश प्रसाद के रूप में भइल बा। आरोपी छपरा जेल में उप कक्षपाल के रूप में पदस्थापित बा। गोली लगला के बाद छपरा सदर अस्पताल में अफरा-तफरी के माहौल हो गइल। घायल नालंदा जिला के सिलाव थाना क्षेत्र के रंगीला बिगहा गांव के रहे वाला बा, जवन अभी छपरा मंडल कारा में पदस्थापित बा।

बाइक पs सवार रहले सs 2 अपराधी

गोली लगला के बाद घायल के सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल। इहां प्राथमिक उपचार के बाद बेहतर इलाज खातिर पटना PMCH रेफर कs दिहल गइल। गोली घायल जवान के पेट में लागत आरपार हो गइल बा। घायल जवान के इस्थिति नाजुक बनल बा। फिलहाल पुलिस अधिकारी घटनास्थल पs पहुंच के ममिला के जांच में जुट गइल बा लो। संगही आसपास के सब सीसीटीवी के खंगारल जा रहल बा। अपराधी एगो बाइक पs दु के संख्या में सवार रहलें सs।

जमादार खतरा से बाहर

घायल पुलिसकर्मी के पत्नी विजय नाम के व्यक्ति के नाम लेत रहली। घटना जेल से मात्र 500 मीटर के दूरी पs घटित भइल बा। स्थानीय भगवान बाजार पुलिस आ जेल पुलिस टीम बनाके जांच सुरू कs देले बिया। जेल अधीक्षक राधेश्याम सुमन बतवलें कि जेल में पदस्थापित जमादार के अपराधी गोली मार देले बाड़ें सs। जमादार आपन जेल ड्यूटी खतम कs के अपना घरे जात रहे, तबे अपराधी गोली मार देलें सs। फिलहाल घायल खतरा से बाहर बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]