ईरान के गांव में पड़ल धरती के सबसे भीषण गर्मी! 82.2 डिग्री सेल्सियस पहुंचल ताप सूचकांक

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 1, 2024

ईरान के एगो गांव जल रहल बा! इहां मौसम केंद्र 28 अगस्त के 82.2 डिग्री सेल्सियस ताप सूचकांक दर्ज कइलस। जदि ई सांच बा तs ई धरती के सबसे जादे दर्ज कइल गइल हीट इंडेक्स

Share

ईरान के एगो गांव जल रहल बा! इहां मौसम केंद्र 28 अगस्त के 82.2 डिग्री सेल्सियस ताप सूचकांक दर्ज कइलस। जदि ई सांच बा तs ई धरती के सबसे जादे दर्ज कइल गइल हीट इंडेक्स बन जाई। अमेरिकी मौसम विज्ञानी कॉलिन मैकार्थी अपना आधिकारिक एक्स अकाउंट पs ई जानकारी साझा कइलें। हालांकि, ऊ एह पर संदेहो व्यक्त कइलें। ऊ एकर आधिकारिक जांच के जरूरत पs बल देलें।

मौसम विज्ञानियन के बढ़ल चिंता

ईरान के दक्षिणी तट पs डेरेस्टन हवाई अड्डा के लगे इस्थित मौसम केंद्र 28 अगस्त के 180 फॉरेनहाइट डिग्री (82.2°C) के ताप सूचकांक आ 97 फॉरेनहाइट डिग्री (36.1°C) के ओस बिंदु दर्ज कइल। ई खबर समूचा दुनिया के मौसम विज्ञानियन के चिंता बढ़ा देले बा।

साभार: दैनिक जागरण

का होला ओस बिंदु?

ओस बिंदु ऊ तापमान बा, जहां हवा नमी के रोक ना पावेला। जानकारी के मोताबिक 40 से 54 डिग्री सेल्सियस के हीट इंडेक्स वाला तापमान में बहुत लमहर समय तक रहला से हीटस्ट्रोक के खतरा बढ़ जात बा।

पश्चिम एशिया में हीटवेव बढ़वलस चिंता

अमेरिकी मौसम विज्ञानी मैकार्थी के मोताबिक पश्चिम एशिया में चिंताजनक हीटवेव जारी बा। सऊदी अरब के धाहरन में इस्थित एगो मौसम स्टेशन 93°F (33.9C) तक के ओस बिंदु दर्ज कइल गइल बा। पश्चिम एशिया के कइयन क्षेत्रन में तापमान 50 डिग्री सेल्सियस तक पहुंच गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.