MEA: बांग्लादेश में पूजा पंडाल पऽ हमला आ मुकुट चोरी पऽ भारत चिंतित

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 12, 2024

बांग्लादेश के काली मंदिर से मुकुट चोरा के दुर्गा पूजा पंडाल पऽ हमला के घटना पs भारतीय विदेश मंत्रालय चिंता जतवले बा। विदेश मंत्रालय के कहनाम बा कि मंदिर आ देवता के अपवित्र करे के

Share

बांग्लादेश के काली मंदिर से मुकुट चोरा के दुर्गा पूजा पंडाल पऽ हमला के घटना पs भारतीय विदेश मंत्रालय चिंता जतवले बा। विदेश मंत्रालय के कहनाम बा कि मंदिर आ देवता के अपवित्र करे के घटना निंदनीय बा। ई अशुद्धि के एगो व्यवस्थित पैटर्न हऽ।  बांग्लादेश सरकार के हिन्दू, अल्पसंख्यक आ ओह लोग के पूजा स्थल के सुरक्षा सुनिश्चित करे के चाहीं।

दरअसल अबकी बेर बांग्लादेश में हिन्दू समुदाय के लोग शांति से दुर्गा पूजा पर्व तक ना मना पवले आ कट्टरपंथी के ओर से दुर्गा पूजा पंडाल के निशाना बनावे के 35 घटना भइल। पुलिस के कहनाम बा कि नवरात्रि पर्व के दौरान पछिला एक महीना में देश भर में दुर्गा पूजा पंडाल में 35 अप्रिय घटना घटल बा। एकरा से एक दिन पहिले माँ काली के मुकुट चोरी के घटना बांग्लादेश के मशहूर जेशोरेश्वरी मंदिर में भइल रहे। इ मुकुट प्रधानमंत्री मोदी साल 2021 में बांग्लादेश यात्रा के दौरान माँ काली के मूर्ति के देले रहले। एकरा बाद कट्टरपंथी लोग चटगांव शहर के दुर्गा पूजा के मंच पऽ इस्लामी गीत गावल।

विदेश मंत्रालय कहलस कि ढाका के तांती बाजार में पूजा पंडाल प भइल हमला आ काली मंदिर से मुकुट चोरी के लेके हमनी के चिंता जतवले बानी।  ई घटना मंदिर आ पूजा पंडाल के अपवित्र करे के एगो व्यवस्थित पैटर्न हऽ। विदेश मंत्रालय कहलस कि बांग्लादेश सरकार के सुरक्षा सुनिश्चित करे के चाही।

भारतीय उच्चायोग चोरी के घटना प चिंता जतवले रहे।

ढाका में भारतीय उच्चायोग ताज चोरी के खबर पऽ चिंता जतवले रहे। उच्चायोग ट्विटर पऽ एगो पोस्ट में कहले रहे कि, उ 2021 में बांग्लादेश यात्रा के दौरान पीएम मोदी के जेशोरेश्वरी काली मंदिर (सतखिरा) के दिहल ताज के चोरी के खबर के नोट कइले बा। हमनी का गहिर चिंता जतावत बानी आ बांग्लादेश सरकार से निहोरा करत बानी जा कि उऽ एह चोरी के जाँच कऽ लेवे, ताज बरामद कर लेवे, आ अपराधियन के खिलाफ कार्रवाई करे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.