केतना खतरनाक बा McDonald’s E. Coli बैक्टीरिया के इंफेक्शन, 13 गो राज्यन में 75 लो बीमार

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 26, 2024

    अमेरिका में ई कोली बैक्टीरियल इंफेक्शन के बढ़त मामिला वाकई चिंता के विषय बन गइल बा. रउरा जानकारी खातिर हमनी के बता दीं कि ई कोली बैक्टीरियल इंफेक्शन के भी मैक डी के

Share

McDonald's E. Coli

 

 

अमेरिका में ई कोली बैक्टीरियल इंफेक्शन के बढ़त मामिला वाकई चिंता के विषय बन गइल बा. रउरा जानकारी खातिर हमनी के बता दीं कि ई कोली बैक्टीरियल इंफेक्शन के भी मैक डी के बर्गर से जोड़ल जा रहल बा। संघीय स्वास्थ्य अधिकारी के मुताबिक, मैकडॉनल्ड्स क्वार्टर पाउंडर्स से जुड़ल ई कोली बैक्टीरियल इंफेक्शन के प्रकोप से 13 राज्य में कम से कम 75 लोग बेमार हो गईल बाड़े। सेंटर फॉर डिजीज कंट्रोल एंड प्रिवेंशन के कहल बा कि 22 लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा. एहमें से दू गो मरीजन में किडनी के खतरनाक बेमारी के जटिलता पैदा हो गइल बा.

मैकडॉनल्ड्स के घातक ई कोली के प्रकोप

रउरा सभे के जानकारी खातिर बता दीं कि कोलोराडो में एह बेमारी से एक आदमी के मउत हो गइल बा. मैकडॉनल्ड्स में ई कोली के घातक प्रकोप के अंदाजा रउरा लगा सकेनी. कोली के लगातार बढ़त मामला अमेरिका में रहे वाला लोग खातिर डर के कारण बन गइल बा.

ई. कोली के लक्षण 

दूषित खाद्य पदार्थ खइला के बाद एक-दू दिन के भीतर ई. कोली बैक्टीरिया संक्रमण के लच्छन देखाई पड़ सकेला। बोखार, उल्टी, दस्त भा खून से लथपथ मल आ निर्जलीकरण जइसन लक्षण एह खतरनाक बेमारी के संकेत दे सकेला. एकरा अलावे बहुत कम चाहे बिल्कुल ना होखल पेशाब, जादा प्यास अवुरी चक्कर आवे से भी खतरा के संकेत हो सकता।

कवना उमिर में एकर खतरा अधिका होला?

ई. कोली के संक्रमण 5 साल से कम उमिर के बच्चा, बुजुर्ग लोग, गर्भवती मेहरारू भा अइसन लोग खातिर ढेर खतरनाक होला जिनहन के प्रतिरक्षा प्रणाली कमजोर होखे। अगर रउआ अयीसन लोग के सूची में शामिल बानी अवुरी आपके शरीर में ई. कोली के लक्षण देखाई देता, तs तुरंत कवनो निमन डॉक्टर से सलाह लेवे के चाही, ना तs आपके स्वास्थ्य के बहुत नुकसान हो सकता।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.