Delhi News : दिल्ली के मयूर विहार में डीटीसी बस से स्कूली छात्रा के मौत, गुस्साइल भीड़ कइलस तोड़फोड़

Share

पूर्वी दिल्ली। दिल्ली के मयूर विहार फेज-3 इलाका में सुक के एगो दर्दनाक सड़क हादसा में डीटीसी बस के चपेट में आके स्कूली छात्रा कायना के मौत हो गइल। हादसा दल्लूपुरा इलाका में तब भइल, जब छात्रा अपना पिता के संगे स्कूटी से स्कूल जात रहली। हादसा के बाद बस चालक मवका से फरार हो गइल।

घटना के जानकारी मिलते पुलिस मवका पs पहुंचल आ छात्रा के शव के कब्जा में लेके जांच सुरू कइलस। ओने, हादसा से नाराज स्थानीय लोग डीटीसी बस में तोड़फोड़ कs दिहल। भीड़ के हंगामा के चलते कुछ देर तक इलाका में तनाव के इस्थिति बन गइल।

- Sponsored Ads-

पिता के संगे स्कूल जात रहली छात्रा

जानकारी के मोताबिक, मृतक छात्रा के नाम कायना रहे। ऊ खिचड़ीपुर इलाका में अपना परिवार के संगे रहत रहली। सुक के सबेरे करीब 8:30 बजे कायना अपना पिता के संगे स्कूटी से वसुंधरा एन्क्लेव इस्थित ईस्ट प्वाइंट स्कूल जात रहली।

दल्लूपुरा के लगे पीछे से आइल डीटीसी बस स्कूटी में जोरदार टक्कर मार देलस। टक्कर लगते स्कूटी सड़क पs गिर गइल। एह दौरान छात्रा बस के चपेट में आ गइल आ गंभीर रूप से घायल हो गइल। हादसा में छात्रा के मवके पs मौत हो गइल।

हादसा के बाद फरार हो गइल बस चालक

हादसा के बाद डीटीसी बस के चालक मवका से फरार हो गइल। पुलिस आरोपी चालक के तलाश में जुटल बिया। पुलिस के ओर से हादसा के सही कारण पता लगावे खातिर जांच सुरू कs दिहल गइल बा।

घटनास्थल के आसपास लागल सीसीटीवी कैमरा के फुटेज खंगालल जा रहल बा, ताकि हादसा के पूरा घटनाक्रम के जानकारी मिल सके आ बस चालक के पहचान हो सके।

गुस्साइल भीड़ डीटीसी बस में कइलस तोड़फोड़

स्कूली छात्रा के मौत के खबर फइलते स्थानीय लोग में आक्रोश फइल गइल। गुस्साइल भीड़ डीटीसी बस में तोड़फोड़ कs देलस। एकरा चलते घटनास्थल पs कुछ देर खातिर तनाव के माहौल बन गइल।

सूचना मिलते पुलिस टीम मवका पs पहुंचल आ लोगन के समझा-बुझाके शांत करवलस। पुलिस अब हादसा से जुड़ल हर पहलू के जांच करत बिया।

पुलिस चालक के तलाश में जुटल

पुलिस छात्रा के शव के कब्जा में लेके जरूरी कानूनी कार्रवाई सुरू कs देलस। संगही फरार बस चालक के तलाश खातिर संभावित ठिकाना आ घटनास्थल के आसपास के इलाका में जांच कइल जा रहल बा।

पुलिस सीसीटीवी फुटेज, प्रत्यक्षदर्शियन के बयान आ आउर सबूतन के आधार पs हादसा के कारण के पता लगावे के कोसिस करत बिया।

Read Also: Chamoli Tunnel Collapse : 19 लोग मलबा से सुरक्षित निकलल, 3 के तलाश जारी

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-