Chamoli Tunnel Collapse : 19 लोग मलबा से सुरक्षित निकलल, 3 के तलाश जारी

By Shweta Supriya

Published on: Aug 14, 2026

गोपेश्वर। उत्तराखंड के चमोली जिला में मायापुर (पीपलकोटी) इस्थित टीएचडीसी के निर्माणाधीन टनल में मलबा, जाला आ पानी भरला के बाद सुरू भइल राहत आ बचाव अभियान रातभर जारी रहल। राहत के बात ई बा

Share

गोपेश्वर। उत्तराखंड के चमोली जिला में मायापुर (पीपलकोटी) इस्थित टीएचडीसी के निर्माणाधीन टनल में मलबा, जाला आ पानी भरला के बाद सुरू भइल राहत आ बचाव अभियान रातभर जारी रहल। राहत के बात ई बा कि टनल में फंसल 22 लोग में से अब तक 19 लोगन के सुरक्षित बाहर निकाल लिहल गइल बा। जबकि तीन लोगन के तलाश अभी जारी बा।

जिलाधिकारी गौरव कुमार खुद घटनास्थल पs मवजूद रहके रेस्क्यू ऑपरेशन के निगरानी करत बाड़ें। प्रशासन के ओर से बचाव अभियान के सर्वोच्च प्राथमिकता देत जरूरी संसाधन आ तकनीकी सहायता उपलब्ध करावल जा रहल बा।

चमोली के निर्माणाधीन टनल में कइसे भइल हादसा?

मायापुर (पीपलकोटी) में टीएचडीसी के विष्णुगाड-पीपलकोटी जल विद्युत परियोजना के टीआरटी टनल में मलबा आ पानी भर गइल। एह टनल के लंबाई करीब 3 किलोमीटर बतावल गइल बा।

भूधंसाव के चलते टनल के करीब 1.50 किलोमीटर हिस्सा में मलबा आ पानी घुस गइल। एहसे टनल के भीतर काम कs रहल कइयन गो लोग फंस गइल। घटना के बाद जिला प्रशासन तुरंत राहत आ बचाव अभियान सुरू कइलस।

22 लोग फंसल रहे, 19 के निकालल गइल

प्रशासन के मोताबिक टनल में कुल 22 लोग फंसल रहे। रातभर चलल रेस्क्यू अभियान में अब तक 19 लोगन के बाहर निकाल लिहल गइल बा। बचल 3 लोगन के तलाश में एनडीआरएफ, एसडीआरएफ आ आउर बचाव दल लगातार अभियान चला रहल बाड़ी सs।

घटना के बाद राहत आ बचाव कार्य में सहजोग करे खातिर टनल के भीतर गइल 6 बचावकर्मी सुरक्षित बतावल गइल बा लो। हादसा में अब तक 7 लोगन के मौत के सूचना बा।

घायलन के गोपेश्वर जिला अस्पताल में इलाज

रेस्क्यू अभियान में बाहर निकालल गइल घायलन के इलाज खातिर जिला चिकित्सालय गोपेश्वर ले आवल गइल बा। अस्पताल में डॉक्टर आ स्वास्थ्य विभाग के टीम घायलन के लगातार निगरानी करत बाड़ी सs।

प्रशासन के ओर से घायलन के इलाज खातिर जरूरी चिकित्सा बेवस्था उपलब्ध करावल गइल बा।

NDRF, SDRF आ ITBP के टीम रेस्क्यू में जुटल

टनल हादसा के बाद राहत आ बचाव अभियान में NDRF, SDRF, ITBP, पुलिस सहित कइयन गो तकनीकी आ विशेषज्ञ टीम जुटल बाड़ी सs। टनल के भीतर मलबा आ पानी के चुनौती के बीच बचावकर्मी बहुते सावधानी से अभियान चला रहल बा लो।

रेस्क्यू टीम के सामने सबसे बड़ चुनौती टनल के भीतर मवजूद मलबा आ पानी बा। टीम आपसी समन्वय से सुरक्षित तरीका से बचल लोगन तक पहुंचे के कोसिस कs रहल बाड़ी सs।

जिलाधिकारी खुद कs रहल बाड़ें रेस्क्यू ऑपरेशन के निगरानी

जिलाधिकारी गौरव कुमार घटनास्थल पs मवजूद रहके अधिकारी आ रेस्क्यू टीम से लगातार जानकारी ले रहल बाड़ें। उहां संबंधित अधिकारियन के निरदेस दिहल गइल बा कि बाकी तीन लोगन के सुरक्षित बाहर निकाले खातिर हर जरूरी संसाधन आ तकनीकी सहायता के इस्तेमाल सुनिश्चित कइल जावs।

जिला प्रशासन के ओर से कहल गइल बा कि पूरा घटनाक्रम पs लगातार नजर रखल जा रहल बा। बचाव अभियान के सर्वोच्च प्राथमिकता देत प्रशासन घायलन के इलाज आ आउर जरूरी बेवस्था सुनिश्चित करत बा।

Read Also: Ajay Rai WhatsApp Ban : अजय राय के WhatsApp अकाउंट पs लागल बैन, कांग्रेस अध्यक्ष कहलें- भाजपा सरकार में तानाशाही चरम पs

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.