Mathura Encounter : लूट आ हत्या के तीन आरोपी गिरफ्तार, पुलिस मुठभेड़ में दूगो बदमाशन के गोड़ में लागल गोली

Share

मथुरा। जैंत थाना पुलिस आ सर्विलांस टीम के संयुक्त कार्रवाई में लूट आ हत्या के ममिला में फरार तीन आरोपियन के गिरफ्तार कइल गइल। पुलिस मुठभेड़ के दौरान दूगो बदमाशन के गोड़ में गोली लागल, जबकि तीसरा आरोपी के घेराबंदी कs के पकड़ लिहल गइल। घायल आरोपी के इलाज खातिर संयुक्त अस्पताल वृंदावन भेजल गइल बा।

मुखबिर के सूचना पs पुलिस कइलस घेराबंदी

सीओ वरुण मिश्र बतवलें कि 18 जुलाई के रात मुखबिर से सूचना मिलल कि जैंत थाना क्षेत्र में दर्ज हत्या आ लूट के ममिला से जुड़ल आरोपी सुनरख-नगला कीकी रोड पs दूसरका वारदात के फिराक में घूमत बाड़ें। सूचना मिलते पुलिस आ सर्विलांस टीम घेराबंदी सुरू कइलस।

घेराबंदी के दौरान बदमाश पुलिस टीम पs जानलेवा फायरिंग सुरू कs देले सs। जवाबी कार्रवाई में पुलिस गोली चलवलस, जवना में दूगो आरोपी घायल हो गइलें सs।

दू आरोपी के गोड़ में लागल गोली

पुलिस के जवाबी कार्रवाई में सियाराम आ रवि, दूनो निवासी ग्राम कमई, थाना बरसाना, के गोड़ में गोली लागल। जबकि तीसरा आरोपी सचिन, निवासी ग्राम कमई, के पुलिस बिना घायल भइले गिरफ्तार कs लेलस।

पुलिस पूछताछ में तीनो आरोपी कबूल कइलें कि ऊ लोग जबलपुर निवासी सुनील कुमार त्रिपाठी से लूटपाट कइला के बाद हत्या कs देले रहे। पहचान छिपावे खातिर शव के झाड़ी में फेंक दिहल गइल रहे।पुलिस सीसीटीवी फुटेज के आधार पs कइयन दिनन से आरोपियन के तलाश करत रहे।

लूटल सामान आ हथियार बरामद

इनकाउंटर के दौरान पुलिस आरोपियन के कब्जा से दू गो तमंचा, कारतूस, लूटल एटीएम कार्ड, मोबाइल फोन, 30 हजार रुपिया नगद आ वारदात में इस्तेमाल कइल गइल बुलेट मोटरसाइकिल बरामद कइलस।

पहिले से दर्ज बा कइयन गो आपराधिक मुकदमा

पुलिस के अनुसार गिरफ्तार तीनो आरोपियन पs पहिले से कइयन गो गंभीर मुकदमा दर्ज बा। एमे मारपीट, रंगदारी, धोखाधड़ी, आईटी एक्ट आ आर्म्स एक्ट जइसन ममिला सामिल बा।

जांच में जुटल पुलिस

पुलिस अब एह गिरोह से जुड़ल आउर लोगन के पहचान करे आ पूरा नेटवर्क के पता लगावे में जुटल बिया। अधिकारियन के कहनाम बा कि पूछताछ के आधार पs जल्दिये आउर खुलासा हो सकेला। इनकाउंटर के एह कार्रवाई से इलाका में अपराध पs लगाम लगावे में पुलिस के बड़ सफलता मानल जा रहल बा।

Read Also: IND vs ENG : लॉर्ड्स में भारत-इंग्लैंड के निर्णायक जंग, रोहित शर्मा के अग्निपरीक्षा, जानीं संभावित प्लेइंग इलेवन

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-