ट्रक में घुसल मजदूरन के ले जात जीप, 9 लोगन के दर्दनाक मउत; कई गो घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 16, 2024

    सिरोही : अतवार के देर रात जिला में एगो दुखद दुर्घटना भईल। एह हादसा में 9 लोग के मउत हो चुकल बा, जबकि 15 लोग घायल होखे के बात कहल जात बा। घाही

Share

एक्सीडेंट में 9 लोगन के दर्दनाक मउत: फोटो

 

 

सिरोही : अतवार के देर रात जिला में एगो दुखद दुर्घटना भईल। एह हादसा में 9 लोग के मउत हो चुकल बा, जबकि 15 लोग घायल होखे के बात कहल जात बा। घाही लोग के तुरंत अस्पताल भेज दिहल गईल बा, जहां उनुकर इलाज चलता। गंभीर रूप से घाही भईल दु जने के उदयपुर अस्पताल रेफर कs दिहल गईल बा। बतावल जा रहल बा कि मजदूर लेके जात एगो जीप गलत तरफ से जाके सामने से ट्रक के टक्कर मार दिहलस। इs सब लोग पाली जिला में मजदूर के काम करे जात रहले। एही दौरान इs दुर्घटना भईल।

दू गो घायल लोग के रेफर कs दिहल गइल

असल में पूरा घटना पिंपवाड़ा थाना क्षेत्र के कांटल के लगे बतावल जाता। इहाँ एगो ट्रक अवुरी जीप के बीच भारी टक्कर भईल। अबे ले एs दुर्घटना में 9 लोग के मउत हो चुकल बा, जबकि 15 लोग घायल होखे के बात कहल जाता। घाही लोग में से दु लोग के हालत गंभीर होखला के चलते उs लोग के उदयपुर अस्पताल रेफर कs दिहल गईल बा। बाकी घायल लोग के इलाज सिरोही अस्पताल में हो रहल बा। घटना में एक मरेवाला शिवगंज अवुरी एक मरेवाला सुमेरपुर के रहे। बाकी सब उदयपुर जिला के ओगणा थाना क्षेत्र के निवासी बाड़े।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.