Manmohan Singh passed away:पीएम मोदी श्रद्धांजलि देवे पहुंचले मनमोहन सिंह के आवास, सात दिन के भइल राष्ट्रीय शोक के घोषणा

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 27, 2024

पूर्व प्रधानमंत्री डॉ. मनमोहन सिंह के पार्थिव शरीर दिल्ली के मोतीलाल नेहरू मार्ग स्थित उनुका आवास पs राखल गईल बा। काल्हु रात एम्स से उनुकर पार्थिव शरीर एहिजा ले आवल गइल. अब आजु उनकर पार्थिव

Share

मोदी जी मनमोहन सिंह के दिहलेे श्रद्धांजलि

पूर्व प्रधानमंत्री डॉ. मनमोहन सिंह के पार्थिव शरीर दिल्ली के मोतीलाल नेहरू मार्ग स्थित उनुका आवास पs राखल गईल बा। काल्हु रात एम्स से उनुकर पार्थिव शरीर एहिजा ले आवल गइल. अब आजु उनकर पार्थिव शरीर के अंतिम दर्शन खातिर राखल जाई जहाँ विशेष लोग के साथे आम लोग भी उनका के श्रद्धांजलि दे सकेला। पूर्व पीएम के अंतिम संस्कार काल्ह हो सकता। एकर औपचारिक एलान आजु कांग्रेस करी. उनुकर अंतिम संस्कार पूरा राज्य सम्मान के संगे कईल जाई। केंद्र सरकार पूर्व पीएम के निधन पs सात दिन के राष्ट्रीय शोक के घोषणा कईले बिया। एह दौरान सगरी सरकारी संस्थानन में तिरंगा आधा झुकल रही.

मनमोहन सिंह के निधन के चलते केंद्र सरकार 7 दिन के राष्ट्रीय शोक के घोषणा कईले बिया। सबेरे 11 बजे मंत्रिमंडल के बइठक बोलावल गइल बा. साथही बियफे के दिने होखे वाला सगरी कार्यक्रम रद्द कs दिहल गइल बा.

मनमोहन के पार्थिव शरीर काल्ह कांग्रेस मुख्यालय में राखल जाई, जहां आम लोग उनुका के नमन करीहे। उनकर आखिरी संस्कार राजघाट के लगे होई।

मोदी जी मनमोहन सिंह के दिहलेे श्रद्धांजलि

पीएम नरेंद्र मोदी मनमोहन सिंह के उनकरी घरे जाके दिहलेे श्रद्धांजलि

इहो पढ़ीं: पूर्व प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह पs बनल रहे आइकॉनिक फिलिम, एकर 7 गो डायलॉग्स मचवले रहे खलबली

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.