मनीष मल्होत्रा के पार्टी… स्टाइलिश कपड़ा में पहुंचले सेलेब्स बाकीर, सादा कपड़ा में आइल एह सेलेब्स लो जीतले दिल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 6, 2023

  मशहूर डिजाइनर मनीष मल्होत्रा ​​के ओर से दिवाली पार्टी के आयोजन कईल गईल। एह दिवाली पार्टी में पूरा बॉलीवुड भाग लिहलस। अलग-अलग आउटफिट पहिनले सेलिब्रिटी पहुंचले। केहू पलाज़ो सूट पहिनले रहे त केहू साड़ी

Share

 

मशहूर डिजाइनर मनीष मल्होत्रा ​​के ओर से दिवाली पार्टी के आयोजन कईल गईल। एह दिवाली पार्टी में पूरा बॉलीवुड भाग लिहलस। अलग-अलग आउटफिट पहिनले सेलिब्रिटी पहुंचले। केहू पलाज़ो सूट पहिनले रहे त केहू साड़ी में देखल गईल। लेकिन, सादा कपड़ा में पहुंचल सलमान खान तमाम लाइमलाइट चोरा लेले। पार्टी में सलमान खान नीला रंग के टीशर्ट अवुरी करिया रंग के पैंट पहिनले पहुंचले।

मशहूर डिजाइनर मनीष मल्होत्रा ​​के ओर से दिवाली पार्टी के आयोजन कईल गईल। एह दिवाली पार्टी में पूरा बॉलीवुड भाग लिहलस। अलग-अलग आउटफिट पहिनले सेलिब्रिटी पहुंचले। केहू पलाज़ो सूट पहिनले रहे तs केहू साड़ी में देखल गईल।

सादा कपड़ा में पहुंचल सलमान खान तमाम लाइमलाइट चोरा लेले। पार्टी में सलमान खान नीला रंग के टीशर्ट अवुरी करिया रंग के पैंट पहिनले पहुंचले। इहाँ देखीं सलमान आ अउरी सेलेबस के तस्वीर।

बॉलीवुड अभिनेत्री सोनम कपूर भी एह पार्टी के हिस्सा बन गईली। एतने ना, उ एह पार्टी खातिर एगो प्यारा सा साड़ी पहीन के चलल रहली। साथ ही बाल खुलल रखले रहली। कुल मिलाके उ ए लुक में बहुत स्टाइलिश देखाई देली।

विजय वर्मा से डेट कइला के चलते लाइमलाइट में आइल अभिनेत्री तमन्ना भाटिया भी एह पार्टी के हिस्सा बन गइली। एह दौरान बाहुबली स्टार बहुरंगी साड़ी पहिनले रहली। एह लुक में ऊ बहुते सुन्दर लागत रहली।

इरफान खान के बेटा बाबिल खान भी स्टाइलिश स्टाइल में ए पार्टी के हिस्सा बन गईले। दिवाली के बैश खातिर उ मैरून रंग के कोट अवुरी करिया रंग के पैंट पहिनले रहले।

दक्षिण के सुंदरी श्रिया सरन भी ए पार्टी के हिस्सा बन गईली, जवन कि अपना सुंदरता से पार्टी में आकर्षण जोड़ देली। एह दिवाली समारोह में ऊ एगो लहंगा में शामिल भइल रहली जवना में ऊ काफी ग्लैमरस लागत रहली।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.