Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar: मनीष कश्यप के रिमांड के आज अंतिम दिन, करीबी के तलाश रहल बिया पुलिस; पटना में ठिकानन पs भइल छापेमारी

मनीष कश्यप के रिमांड के आज आखिरी दिन s। सोमार के सांझ तक EOU उनका से पूछताछ करी। एकरा बाद उनका के वापस न्यायिक हिरासत में भेज दिहल जाई। एकरा पहिले अतवार के पुलिस उनका करीबी के ठिकान पs छापेमारी कइलस।

164

तमिलनाडू में बिहारी श्रमिकन पs हमला के फर्जी वीडियो प्रसारित करे के आरोपित यूट्यूबर मनीष कश्यप के रिमांड पs लेके आर्थिक अपराध इकाई के टीम लगातार पूछताछ कर रहल बिया। चार दिन के रिमांड के आज आखिरी दिन बा। सोमार के सांझ तक पूछताछ के बाद उनका के वापस न्यायिक हिरासत में भेज दिहल जाई।

एने, रिमांड के तीसरका दिन जांच एजेंसी मनीष के एगो करीबी के तलाश में पाटलिपुत्र थाना क्षेत्र के महेश नगर में छापेमारी कइलस। उक्त संभावित ठिकाना पs पहुंचके जांच एजेंसी के विशेष टीम तकनीकी साक्ष्य जुटा रहल बिया। बतावल जा रहल बा कि मनीष कश्यप इहां ठहरत रहले। आरोपित मनीष के कइयन गो आउर जगह पs छापेमारी कइल जा रहल बा।

पटना से नोएडा तक हो रहल बा करीबियन के तलाश

सूत्रन के मानल जाव तs जांच एजेंसी मनीष के जवना करीबी के तलाश में जुटल बिया, ऊ कइयन बेर ठिकाना बदल चुकल बा। महेश नगर के अलावे कइयन आउर जगहन पs छापेमारी कइल जा चुकल बा। तीन दिन पहिलही नोएडा में यूपी पुलिस के मदद से ईओयू छापेमारी कइलस। मनीष के करीबी के गिरफ्तारी के बाद कइयन गो आउर ठोस साक्ष्य मिलला आ नया बातन के सामने अइला के संभावना जतावल जा रहल बा।

मोबाइल के जानकारी देवे में आनाकानी कर रहल बाड़े मनीष 

ओहिजा, एगो मोबाइल के तलाश कइल जा रहल बा, जेमे वीडियो बनावल गइला से लेके आउर तकनीकी साक्ष्य मिल सकत बा। एसे कइयन गो आउर नाम उजागर हो सकत बा, जवन एह घटना में संलिप्त रहे। सूत्रन के मानल जाव तs मनीष पूछताछ में बतवलस कि उ मोबाइल नोएडा के फ्लैट पs बा। हालांकि, नोएडा में फ्लैट के तलाशी के बादो मोबाइल ना मिलल। एह बीच ऊ मोबाइल के बारे में जानकारी देवे में लगातार आनाकानी कर रहल बाड़े।

फिलहाल इओयू के अधिकारी छापेमारी से जुड़ल कवनो प्रकार के जानकारी के साझा करे से बांच रहल बा लो। ओहिजा, तमिलनाडूओ पुलिस मनीष से पूछताछ करे खातिर कोर्ट में ट्रांजिट रिमांड लेवे के अर्जी दे चुकल बिया।

साभार: दैनिक जागरण

494130cookie-checkBihar: मनीष कश्यप के रिमांड के आज अंतिम दिन, करीबी के तलाश रहल बिया पुलिस; पटना में ठिकानन पs भइल छापेमारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.