[the_ad_group id="30365"]

हर साल 25 मई के अंतर्राष्ट्रीय लापता बाल दिवस (IMCD) के रूप में मनावल जाला, जानी का बा एह दिन के मनावे के मकसद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हर साल 25 मई के अंतर्राष्ट्रीय लापता बाल दिवस (IMCD) के रूप में मनावल जाला।

ई दुनिया भर में लापता लइकन खातिर जागरूकता पैदा करे के दिन हs।

अमेरिका में 25 मई के राष्ट्रीय लापता बाल दिवस के रूप में भी मनावल जाला।

आईएमसीडी के प्रतीक फॉरगेट-मी-नॉट फूल हs।

एह दिन के शुरुआत साल 1998 में भइल रहे।

अंतर्राष्ट्रीय लापता बाल दिवस (IMCD), 25 मई, एगो अइसन दिन हs जब दुनिया भर के लोग अपना घर लवटल लापता लइकन के याद करेला, अपराध के शिकार भइल लइकन के याद करेला आ अबहीं ले लापता लइकन के खोजे के कोशिश जारी करेला । आईएमसीडी के प्रतीक फॉरगेट-मी-नॉट फूल हs। 25 मई के लापता बाल दिवस के रूप में मनावल अमेरिका में 1983 में शुरू भइल रहे। 25 मई के ओह दिन के सालगिरह हs जब छह साल के एटन पैट्ज 25 मई 1979 के न्यूयॉर्क के एगो सड़क के कोना से गायब हो गइल रहले । एटन के कहानी के राष्ट्रीय स्तर पs कवरेज मिलल, काहेंकी ओकर पिता, एगो फोटोग्राफर, अपना लापता बेटा के ब्लैक एंड व्हाइट फोटो मीडिया में पहुंचवले। एटन के पिता के जनता के जानकारी देवे के कोशिश के चलते नाया पहल के जरूरत के पहचान भइल आ लापता बच्चा के परिवार से मिलावे के प्रतिबद्धता भइल।

2001 में इंटरनेशनल सेंटर फॉर मिसिंग एंड एक्सप्लोइटेड चिल्ड्रेन (ICMEC), मिसिंग चिल्ड्रेन यूरोप आ यूरोपीय कमीशन के प्रयास से पहिली बेर 25 मई के आईएमसीडी के रूप में मनावल गइल। 25 मई के अब दुनिया भर के कई गो अलग अलग संस्कृति आ संगठन एह उम्मीद में मनावल जाला कि लइका अपना घरे लवट अइहें ।

अकेले ऑस्ट्रेलिया में 2021 में 34 हजार से अधिका नवहन के लापता होखे के सूचना पुलिस के दिहल गइल रहे । लापता होखे के सूचना मिले वाला अधिकांश बच्चा 24 घंटा के भीतर सुरक्षित आ स्वस्थ पावल जाले, बाकी जवन ना मिल पावेले, ओकरा खातीर ई दुख आ भ्रम महीना, साल चाहे जीवन भर तक चल सकता।

अनुमान बा कि दुनिया भर में हर साल दस लाख से अधिका नवही लापता हो जालें ।

व्यक्ति, पेशेवर आ संगठन के रूप में हमनी के जिम्मेदारी बा कि हमनी के अपना लइकन के रक्षा करीं सs। हमनी के मिल के ओह लोग के घरे वापस आवे में मदद कर सकेनी सs।

वैश्विक लापता बच्चा के बारे में अधिक जानकारी खातिर आ ओह लोग के प्रोफाइल देखे खातिर ग्लोबल लापता बच्चा नेटवर्क पर जाईं ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]