[the_ad_group id="30365"]

रांची में केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह के पीछा करत रहे युवक, पुलिस कइलस अरेस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड के राजधानी रांची में केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह के काफिला के पीछा करत एगो आदमी के पुलिस गिरफ्तार कs लेले बिया. डीएसपी हटिया प्रमोद कुमार मिश्रा बतवले कि आरोपी गृहमंत्री के काफिला में ना घुसल रहले। हालांकि उs तेजी से गाड़ी चलावत अमित शाह के काफिला के पीछा करत रहले। एही से हम ओकरा के गिरफ्तार कs लेले बानी।

शराब पियले रहे आरोपी

डीएसपी प्रमोद कुमार मिश्र बतवले कि आरोपी नशा में धुत्त रहे। उनुका लगे से कवनो हथियार बरामद ना भईल। उs तेज गाड़ी चला के काफिला के पीछा करत रहले। मीडिया के सोझा पेश आरोपी के कहनाम बा कि उs नाश्ता करे जात रहले। हालांकि उs कबूल कईले कि उs नशा में धुत्त रहले।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]