भिंड में भइल बड़ सड़क हादसा, 7 लोगन के भइल दर्दनाक मउत; एक दर्जन से अधिका घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 18, 2025

मध्य प्रदेश के भिंड में मंगल के सबेरे एगो बड़ सड़क दुर्घटना हो गईल। इहाँ अपना बहिन के घरे बियाह के रस्म से लवटत एगो परिवार के तेज रफ्तार डंपर कचार दिहलस, जवना में 7

Share

मध्य प्रदेश के भिंड में मंगल के सबेरे एगो बड़ सड़क दुर्घटना हो गईल। इहाँ अपना बहिन के घरे बियाह के रस्म से लवटत एगो परिवार के तेज रफ्तार डंपर कचार दिहलस, जवना में 7 लोग के जान चल गईल अवुरी एक दर्जन से जादे लोग के घाही बतावल जाता।  घटना भिंड के देहात थाना क्षेत्र के जवाहरपुरा में भईल, जहां भिंड कलेक्ट्रेट में काम करेवाला गिरीश नारायण अपना परिवार के संगे अपना बहिन के घरे बियाह के रस्म में भात देवे गईल रहले।  सबेरे लवटत घरी एगो तेज रफ्तार डंपर सवारी से भरल पिकअप गाड़ी से टकरा गइल.

7 लोगन के गईल जान

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

मध्य प्रदेश के भिंड जिला में मंगल के सबेरे एगो बड़हन सड़क हादसा भइल जवना में तेज रफ्तार डंपर सवारी से भरल पिकअप गाड़ी से टकरा गइल जवना से 7 लोग के मउत हो गइल. 5 जने के जगहे पs मउत हो गईल जबकि 2 जने के इलाज के दौरान मउत हो गईल।  गंभीर रूप से घाही सात लोग के ग्वालियर मेडिकल कॉलेज रेफर कs दिहल गईल बा।  कुल दर्जन से अधिका लोग घायल बाड़े. इs घटना देहात थाना क्षेत्र के जवारपुर गांव के नजदीक राष्ट्रीय राजमार्ग 719 पs भईल।  सब लोग भात देके बारात से लवटत रहे।  घटना से नाराज लोग जगह के जाम कs देले। 

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं पटना के हनुमान जी के युग्म मूर्ति वाला मंदिर ‘महावीर मंदिर’, इs काहें बा खास

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.