पटना के महावीर मंदिर में टलल बड़ हादसा : आरती के दौरान लागल आग, समय रहते बुझावल गइल; गर्भगृह में मवजूद रहलें 200 से जादे श्रद्धालु

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 17, 2024

देसभर में रामनवमी बहुते धूमधाम से मनावल जा रहल बा। एकरा के लेके पटना के हनुमान मंदिर में भव्य तइयारी कइल गइल बा। पटना जंक्शन इस्थित महावीर मंदिर में सबेरही से भक्तन के तांता लागल

Share

देसभर में रामनवमी बहुते धूमधाम से मनावल जा रहल बा। एकरा के लेके पटना के हनुमान मंदिर में भव्य तइयारी कइल गइल बा। पटना जंक्शन इस्थित महावीर मंदिर में सबेरही से भक्तन के तांता लागल बा। सबेरे 2:15 बजे से मंदिर के पट खुलल बा। तीन किलोमीटर तक दर्शन खातिर लोगन के लाइन लागल बा। भगवा झंडा आ जय श्रीराम ध्वज से पटना के बाजार पटल बा।

महावीर मंदिर में दुपहर के आरती के बेरा एगो बड़ हादसा होखला से टल गइल। इहां आरती के दौरान गर्भ गृह के बाहर लागल फूलन के सजावट में आग लाग गइल। हालांकि, समय रहत एकरा पs काबू पा लिहल गइल। एह दौरान मंदिर में दुसौ से जादे लोग मवजूद रहे।

पटना के महावीर मंदिर में श्रद्धालुअन खातिर गुड़, चना आ ठंडा पानी के बेवस्था कइल गइल बा। मंदिर परिसर के अलावा भक्तन के सुविधा खातिर नैवेद्यम के 14 काउंटर लगावल गइल बा। भक्तन के प्रसाद जल्दी चढ़े, एकरा खातिर अयोध्या से आठ पुजारी बोलावल गइल बा लो।

सीवान में रामनवमी पs शोभायात्रा निकालल गइल। शोभायात्रा के दौरान जुवा लोग पताका लहरावल। एह दौरान पूर्व सांसद शहाबुद्दीन के पत्नी हिना शहाब शोभायात्रा में सामिल श्रद्धालुअन के पानी आ जूस बंटलें।

​​​​​​​किशनगंज में महिला लोग बुलेट पs भगवा पगड़ी पहिनके शोभायात्रा निकालल लो। गया में भारी सुरक्षा के बीच शोभायात्रा निकाले के तइयारी कइल जा रहल बा।

राज्यपाल आ सीएम होई लो सामिल

पटना में 54 पूजा समितियन के ओर से शोभायात्रा निकालल जाई। ई शोभा यात्रा अलग-अलग गली-मोहल्ला से होत डाक बंगला चौराहा तक पहुंची।

कार्यक्रम में राज्यपाल राजेंद्र विश्वनाथ आर्लेकर, सीएम नीतीश कुमार, बीजेपी सांसद रवि शंकर प्रसाद, रामकृपाल यादव, बीजेपी के प्रदेश अध्यक्ष सह डिप्टी सीएम सम्राट चौधरी, विजय सिन्हा, मंत्री विजय चौधरी, अशोक चौधरी समेत प्रदेश भाजपा के कइयन गो नेता सामिल होई लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.