Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रायपुर में भइल महेंदर मिसिर उपन्यास के विमोचन

183
सीवान इन्शुरेंस 720 90

आजु दिनांक 20/02/2022 के जौहरे आज़म आश्रम गाजीनगर बीरगांव रायपुर के सभागार में देश के नामचीन विद्वान लो भोजपुरी के पहिला उपन्यासकार पंडित रामनाथ पाण्डेय जी द्वारा रचित उपन्यास “महेन्दर मिसिर” के विमोचन कइल गइल आ एह उपन्यास के सार्थकता आ शिल्प-विधान के प्रखरता पs अंजोर डालल लो।

ओह प्रमुख विद्वानन में प्रोफेसर डॉ. शंकर मुनि राय जी, डॉ. गिरीश पंकज जी, आचार्य रामेश्वर शर्मा जी, डॉ. असगर रायपुरी, मौलाना हैदर इमाम जौहरी, मनिष कु० सिंह, नेमत रायपुरी, सुजीत सिंह सौरभ आदि प्रमुख विद्वान भाग लेलस।

सभा के अध्यक्षता सूफी संत डॉ. जौहर शफियाबादी जी कइनी ।
ओकरा बाद काव्य गोष्ठी भइल जवना के सुनके श्रोता लो झूम उठल।

219830cookie-checkरायपुर में भइल महेंदर मिसिर उपन्यास के विमोचन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.