Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

करोड़न के ड्रग्स के साथे दु विदेशी नागरिक गिरफ्तार, पेट में रखके ले आइल रहे नसीला कैप्सूल

499

मुंबई के साक़ीनाका पुलिस 9 करोड़ के कोकीन के संगे दु विदेशी नागरिक के गिरफ्तार कs लेले बिया। गिरफ्तार आरोपी के नाम बा डैनियल नायमेक 38 साल के बाड़े अवुरी अफ्रीकी देश के नागरिक हवे अवुरी दूसरा आरोपी के नाम बा जोयेश रामोष जवन 20 साल के बाड़े अवुरी वेनिजुवेला के देश के नागरिक हवे।

बॉडी लैंग्वेज से शक पैदा हो गईल

मुंबई पुलिस के जोन 10 के डीसीपी दत्ता नालावड़े बतवले कि 6 जनवरी के रात साक़ीनाका पुलिस अधिकारी गश्त करत रहले। एह दौरान साक़ीनाका इलाका में स्थित एगो होटल से एगो अफ्रीकी नागरिक के बाहर निकलत देखल गईल। उ बहुत जल्दबाजी में सड़क पार कs के ऑटो में निकले के तैयारी करत रहले। उनुकर भाव देख के दु पुलिसकर्मी के उनुका पs शक हो गईल, जवना के बाद उs लोग उनुका के रुके के कहले लेकिन उ आवाज़ के अनसुना कs के उहाँ से भागे के कोशिश कईले। एकरा बाद दुनो पुलिसकर्मी ऑटो के रोक देले।

सूत्र बतवले कि जब ऑटो रोकल गईल तs आरोपी बहस शुरू कs देले। एकरा बाद जब उ लोग ओकरा के पकड़े के कोशिश कईले तs उ पुलिस से झगड़ा शुरू कs देले। लेकिन एs दौरान अवुरी पुलिसकर्मी भी उहाँ पहुंचले अवुरी ओकरा बाद आरोपी पs नियंत्रण हो गईल। जब उनुकर तलाशी लिहलस तs पुलिस के 88 प्लास्टिक के कैप्सूल मिलल, जवना में उच्च गुणवत्ता वाला कोकीन ड्रग्स रहे। पुलिस आगे कहलस कि अंतरराष्ट्रीय बाजार में एs ड्रग्स के कीमत लगभग 9 करोड़ रुपिया बा।

पेट में छिपा के विदेश से ड्रग्स ले आवल गइल रहे

नालावड़े आगे बतवले कि जब आरोपी से पूछताछ भईल तs उ बतवले कि उs इs ड्रग्स होटल में अपना दूसरा साथी से लेले बाड़े। एकरा बाद पुलिस टीम ओह होटल में छापामारी कs दूसरा आरोपी के गिरफ्तार कs लेलस। गिरफ्तारी के बाद दूसरा आरोपी बतवले कि उनुका के बतावल गईल कि उनुका इs ड्रग्स कैप्सूल के रूप में मिली। जवना के निगल के भारत गईला के बाद उल्टी कs के पहुंचावे के पड़ेला। जवना खातिर उनुका भारी रकम भी मिलल।

विदेशी नशा बेचे वाला के भारतीयन पs भरोसा नइखे

पुलिस के कहनाम बा कि कई बेर अयीसन भईल बा, जब भी नशा के कारोबारी चाहे विदेशी मूल के आपूर्तिकर्ता पकड़ल गईल बाड़े, तब उनुका एकरा पीछे भारतीय मूल के बारे में पता चलल बा। एही कारण से उ लोग स्थानीय भाषा सीखतारे ताकि उ लोग स्थानीय ग्राहक से बात कs सकेले अवुरी नशा के कारोबार क सकेले। एह धंधा से ओह लोग के भारतीय लोग पs भरोसा नइखे। एही से एहमें खाली विदेशी नागरिकन के इस्तेमाल करेलें।

 

707610cookie-checkकरोड़न के ड्रग्स के साथे दु विदेशी नागरिक गिरफ्तार, पेट में रखके ले आइल रहे नसीला कैप्सूल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.