[the_ad_group id="30365"]

दु मिनट में मैगी बन सकेला कैरियर ना ,जानी भोजपुरिया नवहन खातिर एक्टिंग के का मूल मंत्र देलन पंचायत फेम अशोक पाठक उर्फ बिनोद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

9 जून २०२४ के गोरखपुर के गोकुल अतिथि भवन में यायावारी भाया भोजपुरी के भोजपुरी महोत्सव मनल रहे। एक से बढ़ एक भोजपुरिया कलाकरन के हुजूम लागल रहे, एही में आपन एक्टिंग के देश दुनिया में लोहा मनवा चुकल पंचायत फेम अशोक पाठक उर्फ बिनोद आइल रहले। गोरखपुर के धरती पs उनकर जोर शोर से स्वागत भइल, खबर भोजपुरी के इंटव्यू के दौरान बिनोद बहुत कुछ खास बतवले।

रउवा के बता दीही की अशोक पाठक उर्फ बिनोद मूलतः बिहार के सिवान जिला से बाड़े,हिंदी पंजाबी भासा में एगो सफल अभिनेता के अपना माई भाषा के प्रति नेह छोह देख उनकर प्रशंसक लोग में अलगे उत्साह जाग गइल बा। हिंदी सिनेमा के दिग्गज कलाकार पूरा साक्षात्कार आपन माई भाखा भोजपुरी में देले, कहले भोजपुरी भाषा के आपन एगो अलग मिठास बा,एगो अलग रिदम बा। भोजपुरी उनकर आपन भासा हs ऊ खुल के अपना भासा में बोलेले ।

खबर भोजपुरी के एक्सक्लूसिव इंटरव्यू में अभिनेता अशोक पाठक अपना भोजपुरिया पट्टी के युवा लोग के एक्टिंग के मूल मंत्र देले।

एक्टिंग करे ला भा अभिनेता बने ला सबसे जरूरी का होला इहो बतवले।

काहे बिनोद कहले की 2 मिनट में मैगी बन सकेला कैरियर ना, लिंक पs क्लिक कs देखी पूरा इंटरव्यू

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]