[the_ad_group id="30365"]

लखनऊ में दिल दहलाए वाला वारदात: होटल में 5 लोगन के हत्या, शख्स माई आ बहिन के कइलस कत्ल

होटल में 5 लोगन के हत्या
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अस्मा (माई) उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में हत्या के एगो भयानक घटना सामने आ रहल बा। इहाँ एगो आदमी अपना परिवार के 5 लोग के हत्या कs देले बा। असल में इs पूरा घटना लखनऊ के थाना नाका इलाका में स्थित होटल शरणजीत से सोझा आईल बा। इहाँ अरशद नाम के एगो 24 साल के आदमी अपना 4 बहिन अवुरी महतारी यानी अपना परिवार के कुल 5 सदस्य के हत्या कs देले बाड़े। दिल दहला देवे वाला एs घटना के जानकारी मिलला के बाद पुलिस तुरंत कार्रवाई कs आरोपी अरशद के गिरफ्तार कs लेलस।

लखनऊ के होटल शरणजीत में हत्या भईल लोग के नाव निम्नलिखित बा-

*अस्मा (माता)
*रहमीन (उमिर 18 वर्ष, बहिन)
*अल्शिया (उमिर 19 वर्ष, बहिन)
*नाबालिग बहिन (उमिर 16 वर्ष)
*नाबालिग बहिन (उमिर 9 वर्ष)

मौका से आरोपी गिरफ्तार
अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक अरशद पs अपना महतारी अवुरी चार बहिन के हत्या के आरोप बा। 24 साल के अरशद उत्तर प्रदेश के आगरा जिला के तेहड़ी बगियार के कुबेरपुर इस्लाम नगर के निवासी हवे। आरोपी अरशद के खुद हत्या स्थल से गिरफ्तार कs लिहल गईल बा।

पुलिस का बतवलस?
एs घटना के बारे में पुलिस के कहनाम बा कि, 1 जनवरी के थाना नाका इलाका से सूचना मिलल रहे कि होटल शरणजीत के कमरा में 5 लोग के लाश बरामद हो चुकल बा। स्थानीय पुलिस तुरंत मौका पs पहुंचल अवुरी आगरा निवासी अरशद नाम के एगो आदमी के हिरासत में लिहल गईल। आरोपी प्रारंभिक पूछताछ के दौरान बतवले बाड़े कि उs पारिवारिक विवाद के चलते अपना चार बहिन अवुरी महतारी के हत्या कs देले बाड़े। अग्रिम जांच जारी बा। सभे लाश के पोस्टमार्टम खातीर भेजल जाता।

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: धीरे टहलला के सेहत पs पड़ सकेला भारी, Walking Speed के रखी ख्याल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]